Archives for May 2013
कक्षा एक से पाँच के विद्यार्थियन के पढ़ावे ला शिक्षकन के बहाली खातिर अध्यापक पात्रता परीक्षा (टीईटी) 27 आ 28 जून के आयोजित कइल जाई. 27 जून के प्राइमरी शिक्षकन ला दू पाली में टीईटी होखी. 28 जून के पहिला पाली में कक्षा छह से आठ के शिक्षकन ला आ दुसरका पाली में उच्च प्राथमिक
केन्द् सरकार के मानव संसाधन मंत्रालय सीबीएसई बारहवीं के परीक्षा के दू सौ टॉपर विद्यार्थियन के एक एक लाख रुपिया के नगद पुरस्कार देबे के घोषणा कइले बावे. मंत्रालय के अवार्ड में पचास पचास गो साइंस, आर्ट्स, कॉमर्स, आ वोकेशनल स्ट्रीम के टॉपरन के दिहल जाई.से चुने जाएंगे। एह परीक्षा के पास प्रतिशत करीब 82.10
उत्तर प्रदेश टेक्निकल यूनिवर्सिटी आजु एंट्रेंस परीक्षा 2013 के रिजल्ट घोषित कर दिहलसि. एह परीक्षा में पास लोग अब इंजीनियरिंग कॉलेजन में प्रवेश ले पइहें. रिजल्ट देखे खातिर
पटना हाई कोर्ट के आदेश का बाद 29 सितंबर 2012 से पहिले बीएड पास कर चुकल अभ्यर्थी माध्यमिक आ उच्च माध्यमिक शिक्षक पद पर बहाली के पात्र मानल जइहें. बहाली के विज्ञापन 29 सितंबर 2012 के निकलल रहुवे बाकिर बाद में 18 अप्रैल के बहाली के मानदंड बदल दिहल गइल आ खाली ट्रेडे लोग के
गोपालगंज में गंडक नदी पर बनत महासेतु बनावे वाली कंपनी वशिष्ठा के इंजीनियर राहुल कुमार छूट्टी पर हैदराबाद जाए से पहिले कर्मचारियन के स्पॉट पर काम समुझावे चललन बाकिर बीच नदी में नाव भंवर में फँस गइल जवना चलते ऊ आ एगो अउर कर्मचारी ओह भँवर में डूब गइले. कुछ लोग के सुरक्षित निकाल लिहल
जौनपुर के बख्शा इलाका में बरातियन से भरल एगो जीप के एगो ट्रक से जोरदार टक्कर हो गइल जवना से छह जने के मौत हो गइल. बारात सुलतानपुर के इंदौली गाँव से केराकत जात रहे जब ई दुर्घटना भइल. आधा दर्जन लोग घवाहिल हो गइल.
आजमगढ़ के जीवनपुर इलाका के चाँदपार गाँव में एगो बारात के जनवासा में नाच गाना होखत घरी केहू फायर कर दिहल जवना से एगो लड़िका के मौत हो गइल आ एगो औरत घवाहिल हो गइल. केहु बतावत नइखे कि गोली के चलावल.
भदोही के पट्टी बेजांव गाँव में अतवार का दिने जमीन का झगड़ा में लाठी गोली दुनु चलल आ एह झगड़ा में एक जने के मौत हो गइल. आ चार जने घवाहिल हो गइलें.
गरमी के छूट्टी का चलते रेल गाड़ियन में बढ़ल भीड़ के ध्यान में राखत उत्तर रेलवे नयी दिल्ली आ पटना का बीच एगो समर स्पेशल एसी सुपरफास्ट ट्रेन चलावे के फैसला कइले बावे. ई रेलगाड़ी ३० आ ३१ मई, अउर दू,तीन, पाँच, छह, आठ, नौ, एगारह, आ बारह जून के दुपहरिया २=३५ पर दिल्ली से
आजु बिहार के कई इलाका में तेज हवा का संगे भइल बरखा का बाद से मौसम खुशगवार हो गइल बा. पटना में १६.२ मिमी बरखा रिकार्ड भइल आ न्यूनतम तापमान सामान्य से छह डिग्री कम दर्ज कइल गइल. मौसम विभाग के कहना बा कि अगिला चौबीस घंटा में बदरी छपले रही आ कुछ जगहा बरखो
रोहतास मनरेगा के तीन गो पंचायत रोजगार सेवक आ एगो कंप्यूटर आपरेटर के सेवा काम में कोताही बरते का चलते खतम कर दिहल गइल बा.
आजमगढ़ जिला के रौनापार खास में काल्हु एगो बिआह समारोह में गैस के सिलिंडर फाट गइल आ एह दुर्घटना में दू जने के मौत हो गइल. दू आदमी झँउसाइल हालत में अस्पताल में भरती करावल गइलें. एह दुर्घटना में बगल के एगो घर में आग लाग गइल आ संपति के बहुते नुकसान भइल.
महाराजगंज लोकसभा उपचुनाव में सगरी दल अपना उम्मीदवार के जितावे खातिर प्रचार करे में जी जान से लागल बाड़ी सँ. सभे दावा करत बा कि ओकरे उम्मीदवार जीती बाकिर भितरे भीतर सभकर पसीना छूटत बा काहें कि जनता के मूड के थाह नइखे लागत.
अखिलेश सरकार फैजाबाद जिला कचहरी पर बम हमला करे के आरोपी खालिद मुजाहिद का मरला का चलते ओकरा परिवार के छह लाख रुपिया के सहायता देबे के घोषणा कइले बिया. खालिद के मौत अदालत से वापसी का रास्ता में तबियत खराब भइला का चलते हो गइल रहुवे. एह घटना के सीबीआई से जाँच के सिफारिशो
एगो निहोरा पर सुनवाई करत सुप्रीम कोर्ट कहले बा कि उमिर कैद के मतलब होला उमिर भर कैद आ एह सजा में कटौती के अधिकार सिरिफ राष्ट्रपति आ राज्यपाले लोग का पास होला. कवनो कैदी के ई हक ना बने कि ऊ चौदह साल जेल में बितवला का बाद अपना के रिहा करे के दावा
बलिया के मैरीटार में पिछला दिने माँड़ो में औरतन के मजाक से भड़क के दुलहा माँड़ो छोड़ के फरार हो गइल आ खोजले ना भेंटाइल. नाराज घराती बरातियन के बन्हक बना लिहले बाकिर तबो समाधान ना हो सकल. पंचायतो बइठल बाकिर बिआह ना हो सकल काहें कि दुलहे ना भेंटाइल. बारात आरा के जमनिया से
छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय के कुलपति अपना मनमर्जी से बिना सिंडिकेट के बईठक बोलवले समितियन के सदस्य मनोनीत कर दिहले बाड़े. कुलपति के एह अलोकतांत्रिक तरीका के विरोध करत अंगरेजी विभागाध्यक्ष डा॰ विनोद अनुशासन आ प्रेस कमिटि के सदस्य बने से इंकार कर दिहले बाड़े. कुलपति के ऊ एह बाबत चिट्ठियो लिखले बाड़न.
अनुसूचित जाति आ जनजाति के बीएड विद्यार्थी पिछला तीन दिन से भूख हड़ताल पर बइठल रहलें काहे कि ओह लोग के महाविद्यालय ओह लोग के परीक्षा फार्म नइखे भरे देत. कॉलेजन के कहना बा कि जबले एह लोग के फीस ना मिल जाई तबले एह लोग के फार्म भरे ना दिहल जाई. फीस सरकार के
कीव में होखे वाला बइठक लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार रद्द कर दिहली काहें कि यूक्रेन उनुका के आ दल के बाकी छह सदस्यन के सुरक्षा जाँच से छूट दिहल ना सकरलसि. संसद के ई प्रतिनिधि मंडल २० मई से २७ मई ले यूक्रेन का दौरा पर जाए वाला रहल बाकिर बेलारूसे से वापिस लवटि आइल
बलिया में एगो ट्रैक्टर ड्राइवर शराब पिए ला पइसा ना मिलला से नाराज हो के ट्रैक्टर पर सवार लक्ष्मी गुप्ता के नीचे गिरा दिहलसि आ फेर ट्रैक्टर चढ़ा के कचार दिहलसि. लक्ष्मी गुप्ता गाजीपुर जिला के महेशपुर गाँव के रहलन आ रसड़ा में अपना साला किहाँ भूसा चहुँपावे आइल रहलें. कहल जात बा कि लवटत
Older Posts››
‹‹Newer Posts