छपरा-सोनपुर रेलखंड के दिघवारा आ सीतलपुर टीसन का बीच बुध का दिने रेल लाइन का किनारे एगो मरद-मेहरारू के लाश कटाइल-फटाइल हाल में मिलल. लाश मिलला के खबर का बाद सोनपुर जीआरपी आ के लाशन के अपना कब्जा में लिहलस. आदमी के उमिर लगभग पचीस साल आ औरत के उमिर बीस साल के आसपास के अंदाजा लगावल गइल बा. बहुत कोशिश का बादो लाश के पहचान नइखे मालूम होत.