web analytics

प्रभुनाथ सिंह जीत गइलें

महाराजगंज लोकसभा सीट पर भइल उपचुनाव में राजद उम्मीदवार प्रभुनाथ सिंह अपना मुकाबिले चुनाव लड़े आइल बिहार के मंत्री पी के शाही के लगभग एक लाख सैंतीस हजार वोट से हरा दिहलें. एह चुनाव के नीतीश कुमार अपना नाक के लड़ाई बनवले रहलें बाकिर सफलता हाथे ना लागल. कांग्रेस के उम्मीदवार जितेन्द्र स्वामी कवनो तरह से मुकाबला में ना लउकलें. उनकर हैसियत वोट कटवो जइसन ना बन पावल.

एह हार का बाद उमेद कइल जाव कि नीतीश कुमार नरेन्द्र मोदी के खिलाफ कइल तनिका कम करीहें आ अपना संघतिया भाजपा का संगे कदम ताल मिलावे के कोशिश करीहें.

 395 total views,  2 views today

%d bloggers like this: