गोरखपुर के योगी आदित्योनाथ मोदी का खिलाफ खड़ा भइलन
June 7, 2013
गोरखपुर से भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ के कहना बा कि नरेन्द्र मोदी के प्रधानमंत्री खातिर उम्मीदवार मत बनावे भाजपा आ एह पद ला सबले बढ़िया रहीहें लालकृष्ण आडवाणी.
योगी के कहना बा कि जइसे पहिले आडवाणी अपना लोकप्रियता का बावजूद अटल जी के साथ जोड़ी बनवलन आ राजग के सरकार बन गइल वइसहीं अब मोदी के आडवाणी का साथे जोड़ी बनावे के चाहीं. कहलन कि आडवाणी पहिलहीं से राजग के सर्वमान्य नेता हउवन आ उनुका ला कुछ करे के जरूरत ना होखी.