यूपी बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा के रिजल्ट निकलल
June 8, 2013
आजु शनिचर का दिने उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद आपन हाईस्कूल परीक्षा के नतीजा निकाल दिहलसि जवना में कुल 86.63 फीसदी परीक्षार्थी सफल भइले. एहु में लड़िकियन के पास प्रतिशत लड़िकन से अधिका रहल. पिछला कई साल का मुकाबिले एह साल के रिजल्ट बढ़िया बा. हो सकेला कि सपा सरकार में विद्यार्थियन के मिलल आजादी का चलते अइसन संभव भइल होखे.