भाजपा के चेहरा बन गइलें नरेन्द्र मोदी
June 10, 2013
अगिला लोकसभा चुनाव से पहिले भाजपा आपन चेहरा तय कर लिहलसि आ ई चेहरा होखी गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी के जिनका खिलाफ कांग्रेस, ओकर पोसुआ मीडिया, सेकूलरन के जमात का साथही भाजपो के बड़का बड़का लोग खड़ा बा. भाजपा के पुरान नेता लालकृष्ण आडवाणी भाजपा के ओह मीटिंग में शामिल ना भइले जवना में ई फैसला लिहल गइल. कहल त गइल कि उनुकर तबियत “साचहूँ” बहुत खराब बा बाकिर राजनीतिक चर्चाकारन के कहना बा कि उ मोदी विरोध जा चले ना अइलन. मोदी के चुनाव प्रमूख बनावे के भाजपा के फैसला ओकर कुछ सहयोगियन के नीक लागल बा त कुछ लोग के मिरचाई लाग गइल बा. वइसे राजनीतिक पंडितन के अनुमान बा कि मोदी के चुनाव प्रमुख बनवला से भाजपा अकेलहु बहुमत में आ सकेले अगर लोग भितरघात ना करे त.