आरा में भइल भोजपुरिया जन मोरचा के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बइठक में भोजपुरी के अनदेखी पर नाराजगी जाहिर कइल गइल. कहल गइल कि आवे वाला लोकसभा चुनाव में एह मुद्दा के मोरचा जनता का सोझा राखी आ ओही लोग के वोट देबे ला कही जे भोजपुरी के ओकर हक दिआवे के बात सकरीहें. एह बइठक में संस्थापक भरत सिंह सहयोगी, बिहार अध्यक्ष राजेंद्र पासवान, संतोष यादव, सीता देवी, गफार मियां, हेमंत चौधरी वगैरह शामिल रहलें.