गोपालगंज के गोपालपुर इलाका के चांडी गांव का बहरी एगो खेत से एगो नवही के लाश बुध का सबेरे मिलल. पच्चीस साल के एह आदमी के गोली मार गइल रहे आ ओकरा के छूरो घोंपल गइल रहे. लाश के पहिचान नइखे भइल आ नामालूम लोग पर मुकदमा दर्ज कर लिहल गइल बा. लाश के पोस्ट मार्टम खातिर भेज दिहल गइल बा.