web analytics

नीतीश का बढ़ावा पर जदयू के लोग भाजपा कार्यकर्तन पर हमला कइलें

आजु के विश्वासघात दिवस मनावत भाजपा कार्यकर्ता लोगन से जदयू के लोगन के कई जगहा पर झड़प भइल जवन पटना में ई झड़प हिंसक हो गइल आ अनेके लोग घवाहिल हो गइल.

जदयू के एगो नेता मुन्ना पटेल के गाड़ी से रायफल मिलल. ऊ रायफल ले के बंद समर्थकन के रोके निकलल रहलन.

आजु सबेरे नीतीश कुमार कहले रहलन कि भाजपा के बंद समर्थकन पर पुलिस के संगे संगे जदयू कार्यकर्तो नजर रखीहें. भाजपा के कहना बा कि एही उकसावा का चलते हिसा भइल.

भाजपा के बोलावल बन्द के असर बिहार में सगरो देखे के मिलल.

बद से दुपहिया वाहन के छूट रहुवे.

सुशील कुमार मोदी, रविशंकर प्रसाद, राजीव प्रताप रुढ़ी, डा॰ सीपी ठाकुर, शाहनवाज हुसैन समेत अनेके भाजपा नेता आपन गिरफ्तारी दिहलें.

 349 total views,  2 views today

%d bloggers like this: