web analytics

बगहा में पुलिस फायरिंग में छह लोग मरल

बगहा में सोमार का दिने खिसियाइल भीड़ पर पुलिस के गोली चलावे पड़ल जवना से नाहियो त छह जने के मरे के खबर बा. नौरंगिया थाना के दरदरी गाँव का लगे पुलिस फायरिंग के घटना भइल. पिछला १५ जून से लापता एगो नवही के लाश मिलला से खिसियाइल लोग एह मामिला के गिरफ्तार आरोपी के जनता के हाथे देबे के माँग करत रहे जेहसे जनता ओकरा के फौरी सजा दे सको. लाश मिलला के खबर पा के चहुँपल पुलिस दल के दू दर्जन लोग के गाँव वाला घेर लिहलें आ ओह लोग पर हमला बोल दिहलें. एह चलते पुलिस पहिले हवाई फायरिंग कइलसि आ ओहु से बात ना सम्हरल त दुबारा फायरिंग में छह लोग के मौत हो गइल.

मरे वाला लड़िका दरदरी गाँव के चंदेश्वर काजी रहल जवन डीजे बजावे के काम करत रहे.

 266 total views,  2 views today

%d bloggers like this: