शराब चुआवे का झगड़ा में छूरा भोंकइला से एगो नवही के मौत
June 25, 2013
रिविलगंज थाना के सेंगरा टोला में गैरकानूनी शराब चुआवे का झगड़ा में सोमार का सँझिया बीस बरीस के संजय साई के छूरा भोंक दिहल गइल जवना चलते ओकर मौत हो गइल. छूरा मारे वाला आरोपी फरार बतावल जात बा जबकि पूछताछ का बाद पुलिस एगो आदमी के गिरफ्तार कर लिहले बिया.