बगौरा में इनार में उतरल दू गो नवहियन के मौत
June 29, 2013
सिवान जिला के दुरौंदा इलाका के बगौरा गाँव में शुक के साँझ गुन्नू साई इनार में कूदल. इनार में पानी कम रहल बाकिर जहरीला गैस का चलते ऊ बेहोश हो गइल. बाद में ओकरा के निकाले इनार में उतरल सोनू मुहम्मद नाम के लइको बेहोश होके गिर गइल. बाद में अउरी लोग जुटल आ बाँस बल्ली का सहारे दुनु के निकालल. बाकिर तब ले दुनु के मौत हो चुकल रहुवे. बतावल जात बा कि गुन्नू अकसर खेला देखावत इनार में कूदत रहे आ निकल जात रहे बाकिर शुक के दिन ओकर अंतिम दिन रहुवे.