Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

भोजपुरी के बढ़ाईं, टटका खबर पर विज्ञापन दीं.

अधिका जानकारी ला  editor@anjoria.com  के मेल करीं.

RSS Feed

चिकित्सा विश्वविद्यालय दिहलसि १ करोड़ १ लाख के सहायता चेक


उत्तराखंड में भइल तबाही से पीड़ित लोग के सहायता चहुँपावे खातिर लखनऊ के किंगजार्ज चिकित्सा महाविद्यालय का तरफ से १ करोड़ १ लाख रुपिया के चेक कुलपति डा॰ बी के गुप्ता मुख्यमंत्री राहत कोष में जमा करवलें. ई धनराशि विश्वविद्यालय के शिक्षक आ कर्मचारी अपना दू दिन के तनखाह से दिहले बाड़ें. एकरा अलावे विश्चविद्यालय का ओर से पन्द्रह गो डाक्टरन के दल दवाई आ कंबल वगैरह ले के पहिलही ओहिजा भेज दिहल गइल बा.

Tags: ,

More Stories From उत्तर प्रदेश

%d bloggers like this: