Go to ...
RSS Feed

दोसरा का घर में घुसल लइका के पकड़ के पुलिस के थमावल गइल


बक्सर जिला के कोरानसराय इलाका के रानीबाग मुहल्ला में बियफे के रात एगो लइका खराब नीयत से दोसरा का घर में घुस आइल रहुवे. बाकिर घर के लोग जाग गइल आ ओकरा के पुलिस के दे दिहल लोग. अगल बगल के लोग के कहना बा कि लइका अपराधी सुभाव के ना ह. ऊ लइका अमसारी गाँव के रहुवे.

Tags:

More Stories From बिहार

%d bloggers like this: