पूर्व मध्य रेलवे में सवारी गाड़ियन का बदले डीएमयू भा ईएमयू
June 30, 2013
पूर्व मध्य रेलवे के महाप्रबंधक मधुरेश कुमार कहले बाड़न कि अब पुरनका सवारी गाड़ियन का जगहा नया तरीका से बनल डीजल से चले वाला डीएमयू भा बिजली से चले वाला ईएमयू चलल करी, एह नयकी सवारी गाड़ियन में खड़ा होखे के अधिका जगहा होला, दरवाजा बड़हन होला आ हर डिब्बा एक दोसरा से जुड़ल रहेला जवना चलते भीड़ बराबर बँटा जाला आ एके कोच में मारामारी ना होखे. हँ एह गाड़ियन में शौचालय ना होखे.