Go to ...
RSS Feed

Archives for June 2013

मोटरसाइकिलहा गिरोह एक लाख रुपया लूटलसि

बक्सर में हौव्वा बनल मोटरसाइकिलहा गिरोह मंगल का दिन दुपहरिया में स्टील चादर व्यापारी मुन्ना आलम से अस्सी हजार रुपया के नगदी समेत एक लाख रुपिया लूट लिहलसि, बाजार से रुपिया वसूली कर के लवटत मुन्ना आलम के कृष्णब्रह्मा थाना इलाका में टुड़ीगंज-चौगाई रोड पर ई लूट के वारदात भइल.

बगहा में पुलिस फायरिंग में छह लोग मरल

बगहा में सोमार का दिने खिसियाइल भीड़ पर पुलिस के गोली चलावे पड़ल जवना से नाहियो त छह जने के मरे के खबर बा. नौरंगिया थाना के दरदरी गाँव का लगे पुलिस फायरिंग के घटना भइल. पिछला १५ जून से लापता एगो नवही के लाश मिलला से खिसियाइल लोग एह मामिला के गिरफ्तार आरोपी के

महारानी दुर्गावती के बलिदान दिवस बलिया में मनावल गइल

गोंड समाज के लोग महारानी दुर्गावती के ४५० वाँ बलिदान दिवस बलिया के जिला सहकारी बैंक का सभागार में मनावल. कार्यक्रम के मुख्य अतिथि रहलन पडरौना से आइल प्राचार्य डा॰ हीरालाल आ मुख्य वक्ता रहन छितेश्वर प्रसाद गोंड. समारोह में गोंड समाज के नयकी पीढ़ी के अपना बारे में जाने के गोहार लगावल गइल.

चितबड़ागाँव टीसन पर दू जने के मौत

सोमार का फजीरे चितबड़ागाँव टीसन पर एगो नवही मालगाड़ी से कटा गइल. हालांकि अनेसा जतावल जात बा कि ओकर गरदन कहीं अउर काट के मामिला अझुरावे ला रेल लाइन पर फेंक दिहल गइल होखी. मरे वाला के पहचान गाजीपुर के खलीपुर के भगीरथी तिवारी बतावल जात बा. सोमारे का दिने सद्भावना एक्सप्रेस से एगो बूढ़

बखोरापुर मंदिर का लगे लइकी कचराइल

भोजपुर जिला के बड़हरा सरैया रोड पर बखोरापुर मंदिर में माँ काली के दर्शन करे आइल चौरी इलाका से आइल एगो लड़की के ट्रैक्टर कचार दिहलसि जवना से ओकर मौत हो गइल. संगे आइल मौसीओ के धक्का लागल बा आ ऊ गंभीर हाल में अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़ी. पुलिस ट्रैक्टर जब्त कर लिहले

राममंदिर आ धारा ३७० हमेशा से भाजपा के एजेंडा में बा

अपना दू दिन का बिहार प्रवास का आखिरी दिने भाजपा अध्यक्ष राजनाथ सिंह कहलन कि राम मंदिर आ धारा ३७० हटावे के प्रस्ताव हमेशा से भाजपा का एजेंडा में रहल बा बाकिर गठबन्हन का राजनीति का चलते ओकरा के दबा देबे के पड़ेला. कहलन कि अगर भाजपा के बहुमत मिल गइल त एकरा के पूरा

कोर्ट में पेश शहाबुद्दीन के जयकारा लगवले समर्थक

सोमार का दिने सिवान के सांसद रहल राजद के शहाबुद्दीन के अदालत में पेश कइल गइल त पूरा कोर्टकंपाउंड उनुका समर्थकन से खचाखच भरल रहे. ऊ लोग शहाबुद्दीन आ लालू राबड़ी के जयकार लगावत रहल. कहत रहे लोग कि जल्दिए शहाबुद्दीन बाइज्जत बरी हो जइहें. समर्थकन के आरोप रहे कि नीतीश सरकार एक ओर त

छपरा जिलापर्षद अध्यक्ष का खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव

छपरा जिला परिषद के अध्यक्ष का खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव ले आवे के फैसला उपाध्यक्ष राजेन्द्र राय अपना समर्थक पार्षदन से राय मशविरा कइला के बाद लिहले बाड़ें. राजेन्द्र राय अबही हालही में उपाध्यक्ष चुनइलें आ सोमार का दिने ई उनकर पहिला बइठका रहल. तय भइल बा कि पहिला जुलाई के जिलाधिकारी के नोटिस दिहल जाई

शराब चुआवे का झगड़ा में छूरा भोंकइला से एगो नवही के मौत

रिविलगंज थाना के सेंगरा टोला में गैरकानूनी शराब चुआवे का झगड़ा में सोमार का सँझिया बीस बरीस के संजय साई के छूरा भोंक दिहल गइल जवना चलते ओकर मौत हो गइल. छूरा मारे वाला आरोपी फरार बतावल जात बा जबकि पूछताछ का बाद पुलिस एगो आदमी के गिरफ्तार कर लिहले बिया.

संत कबीर के जयन्ती मनावल गइल

काल्हु संत कबीर के ६१४वीं जयंती पर अनेके जगहा कार्यक्रम भइल जवना में संत कबीर के जयंती मनावल गइल. वाराणसी के लहरतारा में सबेरे एगो रैली निकालल गइल आ कबीर चौरा पर एगो गोष्ठी के आयोजन भइल जवना में संत कबीर के व्यक्तित्व आ कृतित्व पर चरचा भइल. संत कबीर के निर्वाण स्थली मगहर में

गोबर सिंह के बम्पर ओपनिंग

बॉबी सिंह का निर्देशन में बनल मनोज तिवारी स्टारर ‘गोबर सिंह’ पिछला दिने बिहार में बम्पर ओपनिंग लेत रिलीज भइल. फिलिम देखे ला दर्शकन के भीड़ सबेरही से सिनेमाघरन पर जुटे लागल रहुवे आ अधिकतर जगहा हाउस फुल के बोर्ड देखे देखत टँगा गइल. (शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

गोपालगज के मेहन्दिया गाँव में दर्जनो घर डूबल

गंडक नदी में पानी बढ़ला का चलते गोपालगंज गाँव के मेहन्दिया गाँव में दर्जनो घर डूब गइल बाड़ी सँ. गाँव के अधिकतर लोग गाँव खाली कर के ऊँच जगहन पर चलि गइल बा.

बाकरपुर का लगे बन्धा टूटल

पूर्वी चपारण जिला के कल्याणपुर प्रखड के बाकरपुर गाँव का लगे काल्हु तिरहुत मुख्य कनाल के उतरवारा बन्धा से पानी रिसल शुरू हो गइला से पच्चीस फुट बाँध टूट गइल. एह चलते आधा दर्जन गाँव में पानी भर गइल बा आ हजारो एकड़ मे लागल फसल बरबाद हो गइल बा.

उत्तराखंड के बिपदा में यूपी दिहलसि पचीस करोड़

उत्तराखंड में आइल बिपदा से निबटे खातिर यूपी सरकार पचीस करोड़ रुपिया सहायता में देबे के एलान कइले बिया. दोसरा तरफ अपने राज्य में बाढ़ के बिपदा से निबटे ला केन्द्र से एक हजार करोड़ रुपिया के सहायता माँगत बिया. हालांकि केन्द्र सरकार एह सहायता देबे से हाथ खड़ा कर लिहले बिया.

बलिया के दतहाँ आ तिलापुर में कटान फेर शुरू

बलिया जिला के दोआबा में दतिया आ तिलापुर के डेजर जोन में घाघरा के कटान फेर शुरू हो गइल बा. हर साल ई इलाका नदी के कटान से बरबाद होला आ प्रशासन के निर्देश दिहल गइल रहे कि १० जुलाई ले सगरी काम पूरा कर लिहल जाव. बाकिर काम पूरा भइल ना तबले नदी के

पटना बनारस बस पलटला से दू जने के मौत

पटना से बनारस जात एगो बस सोनबरसा चौकी के कड़सर गाँव का लगे बुध का सबेरे पलटी मार दिहलसि जवना से ओह पर सवार चार जने में से दू जने के मौत हो गइल. बतावल जात बा कि बस पर डेढ़ लाख रुपिया के सामान लादल रहुवे आ सवारियन खातिर जगहा ना बाचल रहुवे. बस

नया भोजपुर में घर में घुस के बलात्कार करे के आरोप

डुमराँव के नया भोजपुर के एगो लइकी सीजीएम कोर्ट में याचिकला लगवलसि कि १७ जून का रात दू बजे मुहल्ला के दू गो लइका ओकरा घर में घुस के ओकरा संगे गलत काम कइलें. मामिला के सुनवाई कइला क बाद सीजीएम थाना के आदेश दिहलें कि एफआईआर दर्ज कर लिहल जाव. आरोप पिंकू यादव आ

कांग्रेस का सहयोग से नीतीश बहुमत साबित कर देखवलें

काल्हु बिहार विधानसभा मे विश्वासमत पर जदयू के साथे चार गो कांग्रेसी, एगो भाकपाई, चार गो निर्दलीय के वोट संगे जदयू के ११७ गो वोट मिला के कुल १२६ गो वोट मिलल. विधानसभा अध्यक्ष जदयू से हईं बाकिर एह बहुमत का चलते उहाँ के वोट करे के जरूरते ना पड़ल. दोसरा तरफ वोट डाले से

नीतीश का बढ़ावा पर जदयू के लोग भाजपा कार्यकर्तन पर हमला कइलें

आजु के विश्वासघात दिवस मनावत भाजपा कार्यकर्ता लोगन से जदयू के लोगन के कई जगहा पर झड़प भइल जवन पटना में ई झड़प हिंसक हो गइल आ अनेके लोग घवाहिल हो गइल. जदयू के एगो नेता मुन्ना पटेल के गाड़ी से रायफल मिलल. ऊ रायफल ले के बंद समर्थकन के रोके निकलल रहलन. आजु सबेरे

विश्वासमत का दौरान कांग्रेसी विधायक गैर हाजिर रहीहें

काल्हु नीतीश कुमार विधानसभा में विश्वास मत लीहें. जदयू के कम से कम चार गो विधायकन के समर्थन चाहीं आ कांग्रेस के चारो विधायक गैर हाजिर रह के नीतीश के काम आसान करीहें. पिछला दिने मनमोहन सिहं नीतीश के सेकूलर बतावत बड़ाई कइलन बाकिर नीतीश खुलेआम अबहीं कांग्रेस के साथे नइखन लउकत चाहत. भाकपा जदयू

Older Posts›› ‹‹Newer Posts