web analytics

मोतिहारी में गैरकानूनी अल्ट्रासाउंड सेंटरन के सील कर दिहल गइल

मोतिहारी में आजु तैंतीस गो अल्ट्रासाउंड सेंटरन पर छापा मारल गइल. एहनी के चलावे ला कानूनी मंजूरी ना लिहल गइल रहुवे. सही कागजात ना देखवला का बाद एहनी के सील कर दिहल गइल. जान जाईं कि आजुकाल्ह हर छोट बड़ शहर, चट्टी कस्बा पर अइसनका सेंटरन के बाढ़ आ गइल बा. एहिजा पेट में पलात … Read more

 508 total views

गोसाईंपुर में लागल आगि से तीन जने के मौत

जौनपुर जिला के सराय ख्वाजा इलाका के गोसाईंपुर गाँव में आजु एगो घर में आग लाग गइल, एह हादसा में ओह घर के तीन जने के जरला से मौत हो गइल. बतावल जात बा कि लकड़ी के चूल्हा पर खाना बनावत घरी उड़ल चिंगारी से छप्पर में आग लाग गइली. मरे वालन में एगो औरत … Read more

 298 total views

यूपी के सगरी जिला मुख्यालयन के चार लेन के सड़क से जोड़ दिहल जाई

प्रदेश के मुख्य सचिव जावेद उस्मानी आजु लखनऊ में एह बात के जानकारी दिहलें कि राज्य के सगरी जिला मुख्यालयन के चार लेन वाला सड़क से जोड़ दिहल जाई. तीस गो के जोड़ दिहल गइल बा आ अब चौदह गो जिलन के जोड़े के तइयारी चलत बा. एकरा बाद बाँचल एकतीस गो जिलन खातिर मंजूरी … Read more

 338 total views

पूर्वांचल में बिजली ला दू अरब पचास करोड़

उत्तर प्रदेश के २१ गो जिला में बिजली मिलल बढ़ावे ला पावर कार्पोरेशन दू अरब पचास करोड़ रुपिया मंजूर कइले बा. ई बात पूर्वांचल विद्युत वितरण निगम के एमडी आलोक कुमार जौनपुर में पत्रकारन के बतवलें. कहलन कि एह इकइस जिलन में तैंतीस केवीए के ६४ गो उपकेन्द्र के बेंवत बढ़ावल जाई. एकरा अलावे तिरठ … Read more

 404 total views

यूपी बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा के रिजल्ट निकलल

आजु शनिचर का दिने उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद आपन हाईस्कूल परीक्षा के नतीजा निकाल दिहलसि जवना में कुल 86.63 फीसदी परीक्षार्थी सफल भइले. एहु में लड़िकियन के पास प्रतिशत लड़िकन से अधिका रहल. पिछला कई साल का मुकाबिले एह साल के रिजल्ट बढ़िया बा. हो सकेला कि सपा सरकार में विद्यार्थियन के मिलल आजादी … Read more

 393 total views

ससुर के हाथ काट लिहली भवह

रोहतास जिला के दिनारा इलाका में एगो आदमी के बदनीयती आ छेड़खानी से परेशान ओकरे दू गो पतोहु ओकर दुनु हाथ काट लिहली सँ. बतावल जात बा कि ऊ आदमी अपना छोटकी पतोहु पर गलत नीयत से नजर गड़वले रहुवे आ बार बार ओकरा के तंग करत रहुवे. आजिज आ के ऊ औरत अपना जेठानी … Read more

 305 total views

बलमी टीसन का लगे एगो मेहरारू रेलगाड़ी का सोझा कूद जान दिहलसि

मुजफ्फरपुर-मोतिहारी रेलखंड के बलमी टीसन का लगे एगो मेहरारू अपना तीन गो बच्चा समेत तेजी से धावत मालगाड़ी का सोझा कूद गइल. चारो जने के मौत ठाँवे पर हो गइल. खबर मिले तक ओहनी के पहिचान साबित ना भइल रहल.  447 total views

 447 total views

गोरखपुर के योगी आदित्योनाथ मोदी का खिलाफ खड़ा भइलन

गोरखपुर से भाजपा सांसद योगी आदित्यनाथ के कहना बा कि नरेन्द्र मोदी के प्रधानमंत्री खातिर उम्मीदवार मत बनावे भाजपा आ एह पद ला सबले बढ़िया रहीहें लालकृष्ण आडवाणी. योगी के कहना बा कि जइसे पहिले आडवाणी अपना लोकप्रियता का बावजूद अटल जी के साथ जोड़ी बनवलन आ राजग के सरकार बन गइल वइसहीं अब मोदी … Read more

 457 total views

जे जमीन दी ओकरे भा ओकरा परिवार का नाम पर संस्था के नाम राखल जाई

बिहार सरकार फैसला कइले बिया कि आंगनबाड़ी केंद्र, अस्पताल भा स्कूल खातिर जमीन दान करे के नियम कायदा बहुते आसान कर दिहल जाई आ जे जमीन दान करी ओकरे कहना मुताबिक ओह जमीन पर बने वाला भवन में काम करे वाला संस्था के नाम राख दिहल जाई.  280 total views,  2 views today

 280 total views,  2 views today

आतंकियन से मुकदमा हटावे पर लागल रोक के स्वागत कइलसि भाजपा

उत्तर प्रदेश सरकार भिड़ल बिया कि जेल में बंद सगरी मुसलमान आरोपियन पर से मुकदमा हटा लिहल जाव. ओकर कहना बा कि एह लोग पर गलत मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. इहाँ ले कि बम विस्फोट करावे के आरोपी आतंकियनो के रिहा करे में लागल बिया सरकार. शर्त अतने बा कि ओह आरोपी के अल्पसंख्यक … Read more

 483 total views

काशी विद्यापीठ में पोस्टरबाजी पर रोक लागल

वाराणसी के महात्मा गाँधी काशी विद्यापीठ का परिसर में पोस्टरबाजी आ दीवाल पर लिखला पर रोक लगा दिहल गइल बा. कुछ छात्र नेता लोग गैरकानूनी काम करत पोस्टर लगावत बा जवना चलते विश्वविद्यालय प्रशासन ई आदेश जारी कइले बा.  398 total views,  2 views today

 398 total views,  2 views today

मधेपुरा में मेडिकल कॉलेज के शिलान्यास कइलें नीतीश कुमार

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार काल्हु मधेपुरा में बिहार के सातवाँ मेडिकल कॉलेज के शिलान्यास कइलें. एकरा के चार साल का भीतरे बना लिहल जाई आ तबले मेडिकल कॉलेज अस्पताल मधेपुरा के सदर अस्पताल में चलावल जाई. कहलन कि सगरी पद बना लिहल गइल बा, एक सौ विद्यार्थियन के नामो लिखा गइल बा.  367 total views

 367 total views

जेल में बंद मुसलमानन का बारे में निमेष रिपोर्ट सकारल लिहलसि यूपी सरकार

उत्तर प्रदेश के सपा सरकार जेलन में बंद मुसलमानन का बारे में निमेष आयोग के रिपोर्ट सकार लिहले बिया आ अब एकरा के विधानसभा के अगिला सत्र में सदन में राख दिहल जाई. ओने इलाहाबाद उच्च न्यायालय अपराधियन पर से मुकदमा हटावे के यूपी सरकार के कोशिश पर रोक लगा दिहले बिया.  385 total views

 385 total views

बिहार आ यूपी के अनेक इलाका में ठनका गिरला से डेढ़ दर्जन लोग मरल

काल्हु बिहार आ उत्तरप्रदेश के अनेके इलाका में आँधी पानी आ ठनका गिरला का चलते नाहियो त तीन दर्जन से अधिका लोग मर गइल आ पाँच दर्जन लोग के झँउसला के खबर बा. अकेले बिहार से चौबीस लोग के मरे के आ तीस लोग के झँउसे के खबर बा. कैमूर जिला के अघौरा थाना के … Read more

 372 total views

जरला पर नून छिरिकलें रुढ़ी

महाराजगंज लोकसभा उपचुनाव में राजग के पी क़े शाही के हरला से आहत जदयू के घाव पर नून छिरिकत भाजपा महासचिव राजीव प्रताप रुढ़ी काल्हु कहलन कि मोदी के जतना जरूरत भाजपा के बा ओतने जदयूओ के बा. एह बात पर जदयू तुरते आपन विरोध जतवलसि आ कहलसि कि बिहार में कवनो दोसर नेता के … Read more

 375 total views

दिल्ली विश्वविद्यालय के चार साला पाठ्यक्रम टारे के गोहार

भाजपा नेता अरुण जेटली केंद्रीय मानव संसाधन विकास मंत्री एम. एम. पल्लम राजू से गोहार लगवलन कि अपना स्नातक पाठ्यक्रम के चार साला बनावे के दिल्ली विश्वविद्यालय के फैसला पर रोक लगा दिहल जाव. काहे कि एह मुद्दा पर अबहीं राय मशविरा करे के बहुत जरूरत बा.  295 total views

 295 total views

उत्तर प्रदेश इंटर के रिजल्ट निकलल

उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद काल्हु आपन इंटर के रिजल्ट निकाल दिहलसि. एह में ९२.६८ फीसदी परीक्षार्थी सफल भइल बाड़ें आ अबकीओ लड़िकी सब बाजी मरले बाड़ी सँ लड़िकन पर. अबकी बेर के रिजल्ट पिछलका सगरी रिकार्ड मटियामेट कर दिहलसि. जेल से इम्तिहान देबे वाला नब्बे फीसदी परीक्षार्थी पास भइल बाड़ें.  359 total views

 359 total views

आरा के अभिषेक मैट्रिक में अव्वल

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति काल्हु आपन मैट्रिक के रिजल्ट निकललसि त ओहमे आरा के एचएन हाई स्कूल के अभिषेक कुमार पहिला नंबर पर अइलें. दुसरा नंबर पर बेतिया के राजकीय हाई स्कूल के अखिलेश कुमार आ तिसरका जगहा पर पटना गुलजारबाग के राजकीय हाई स्कूल के शिवम दूबे अउर पीरो के पुष्पा हाई स्कूल के … Read more

 367 total views

हंडिया सपा का साइकिले पर बइठल रह गइल

इलाहाबाद के हंडिया विधानसभा सीट खातिर भइल उपचुनाव में सपा के प्रशांत सिंह बसपा उम्मीदवार पंकज के २६६५५ वोट से हरा दिहलें. कांग्रेस आ भाजपा उम्मीदवारन के जमानत जब्त हो गइल. पिछला बेर एहिजा से प्रशांत सिहं के पिता महेश नारायण सिंह सपा के टिकट पर जीतल रहलें आ उनुके निधन का बाद एहिजा उपचुनाव … Read more

 350 total views

बसपा सांसद रहल गाँधी आजाद के निधन

बसपा का तरफ से दू हाली राज्यसभा में सांसद रहल आजमगढ़ पवनी के गाँधी आजाद के सत्तर साल का उमिर में काल्हु निधन हो गइल. आजाद पिछला कई महीना से बेमार चलत रहलन. उनकर अंतिम संस्कार आजु आजमगढ़ के पवनी गाँव में कइल जाई.  339 total views

 339 total views