Archives for July 2013
यूपी के मुख्यमंत्री मायावती अपना शासन काल में यूपी के चार गो राज्य में बाँटे के प्रस्ताव केन्द्र का लगे भेजले रहली बाकिर ओकरा बाद का चुनाव मे सत्ता उनुका हाथ से सरक के सपा के अखिलेश का हाथे लाग गइल. सपा राज्य बंटवारा के खिलाफ बिया एहसे फेर ओह प्रस्ताव पर बात आगे ना
रुपिया के लगातार गिरत भाव का चलते विदेश से तेल खरीदल महँग होखल जात बा जवना चलते आजु तेल कंपनी पेट्रोल के दाम में सत्तर पइसा आ डीजल के दाम में पचास पइसा के बढ़ोतरी कर दिहली सँ. ई बढ़ल दाम आजु अधरतिया से लागू हो जाई.
गोरखपुर के पिपराइच कस्बा के एगो जमीन के एक पक्ष रामलीला मैदान बतावत बा त दोसरका पक्ष ताजिया मिलन स्थल. पहिले से लगावल रामलीला मैदान के बोर्ड के दुसरका पक्ष उखाड़ के फेंक दिहलसि आ ओह जगहा ताजिया मिलन के बोर्ड लगा दिहलसि. जब एह मामिला के जानकारी सदर सांसद योगी आदित्यनाथ के भइल ऊ
कुंडा में मारल गइल सीओ जियाउल हक के बीमा के धन ला उनकर बीबी सीओ के बाप महतारी का खिलाफ मुकदमा ठोक दिहले बाड़ी. उनकर कहना बा कि बीमा के धन बीबी के मिले के चाहीं जबकि बीमा निकाह के पहिले के ह आ ओह पर बापे महतारी के नामिनी बनवले रहले जियाउल हक. बेगम
बलिया में गंगा नदी अनेके जगहा खतरा के लाल निशान का उपर बहत बाड़ी आ एहमें काल्हु हर घंटा दु सेंटीमीटर के बढ़ोतरी होखल जात रहुवे. एह चलते रिकनीछपरा, गंगापुर, पचरुखिया, मझौंवा, शुक्लछपरा, गायघाट पोखरा, बघौंच, हांसनगर वगैरह इलाका में बाढ़ के पानी पसर गइल बा. शहर के निचला इलाका जइसे कि महावीर घाट, बेदुआ,
यूपी बोर्ड के मौजूदा सचिव उपेंद्र कुमार आजु रिटायर होखे जात बाड़न. उनका बाद एह पद के जिम्मेदारी अपर निदेशक शकुंतला यादव तबले सम्हरीहें जब ले नया सचिव के नियुक्ति नइखे हो जात. वइसे इहो उमेद बा कि इनके के एह पद पर नियमित कर दिहल जाई.
काल्हु आरा में लायेनेस क्लब का तरफ से औरतन के सावन मिलन मनावल गइल जवना में कजरी, फिल्मी आ गैर फिल्मी गीतन पर लोग मस्ती में नाचल आ आनन्द उठावल. क्लब के अध्यक्षा डा॰ लतिका प्रकाश के आवास पर भइल एह कार्यक्रम के उद्घाटन प्रो॰ डा॰ प्रतिभा वर्मा कइली. एह मौका पर रतनजीत कौर आइल
गंगा नदी के उफनइला का चलते भोजपुर जिला के नाहियो त दू दर्जन से अधिका गाव बाढ़ का पानी में घेरा गइल बा. कई जगहा सड़क का उपर चार फीट ले पानी बहत बा. सबसे अधिका तबाही बड़हरा प्रखंड में बा हालांकि शाहपुर, बिहिया अउर सदरो प्रखंड के अनेके गाँवन मे बाढ़ के पानी पसर
गोपालगंज शहर के महेन्द्र महिला महाविद्यालय के छात्रा कालेज प्रबंधन पर आरोप लगावत बाड़ी कि कालेज में विद्यार्थियन से नाजायज रुपिया वसूलल जात बा. नाम लिखावे के शुल्क का साथे पाँच हजार रुपिया के नाजायज वसूली होखत बा जवना के रसीदो नइखे दिहल जात. दोसरे नाम लिखावे में धांधलीओ खूब होखत बा आ मेरिट लिस्ट
सिवान शहर में एह घरी मोटरसाइकिल चोरी के घटना बहुते बढ़ गइल रहुवे जवना से पुलिस हरान परेशान रहुवे. अब सोमार का दिने डुमरिया मोड़ से नगर थानाध्यक्ष बाइक चोरन के सरगना समीर सिंह के पकड़ लिहलन. ओकरा लगे से चोरी के एगो मोतरसाइकिलो बरामद भइल बा. समीर पहिलहू बाइक चोरी का मामिलन में जेल
सोन नदी से लाखो क्यूसेक पानी छोड़ला का चलते सारण जिला के नदी सब उफना गइल बाड़ी स. गंगा आ गंडक के पानी जिला के कईएक प्रखंडन में घुसला का बाद अब छपरा शहर के निचलको इलाका में पसरे लागल बा. तेलपा आ करीम चक के अनेके घर में बाढ़ के पानी घुस गइल बा
पिछला दू दिन ले थिर रहल गंगा फेरू आपन रूप धरे लागल बाड़ी आ पानी के स्तर उठे लागल बा. बलिया शहर के निचला इलाकन में बाढ़ के पानी पसर गइल बा. घाघरा के कटान बदस्तूर जारी बा आ सिकन्दरपुर इलाका के सीसोटार, लीलकर आ खरीद दियारा में हालात बिगड़ल जात बा. घाघरा अब छपिया
काल्हु सोमार का दिने बलिया समाहरणालय पर प्रगतिशील भोजपुरी समाज का ओर से धरना दिहल गइल. धरना के नेतृत्व डा॰ जनार्दन सिंह कइलन. समाज अपना तेरह सूत्री मांग पत्र राष्ट्रपति के भेजे ला जिलाधिकारी के सँउपलसि. एह माँगन में भोजपुरी के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे, खेती के उद्योग के दर्जा देबे के, बलिया सियालदह
लोकसेवाआयोग के परीक्षा में आरक्षण के नयका नियम वापिस होखला का बाद अब सपा समर्थक पिछड़ा वर्ग के अभ्यर्थी बवाल खड़ा कर दिहले बाड़ें. काल्हु दिन भर इलाहाबाद में ओह लोग के झड़प रहि रहि के पुलिस से होत रहल. तीन तीन बेर बातचीत कर के समस्या के समाधान के राह निकाले के कोशिश बेकारे
शनिचर रात डोरीगंज बाजार का लगे एगो ट्रक एगो अधबूढ़ के कचार दिहलसि जवना से उनकर मौत हो गइल. मरे वाला के शिनाख्त पटना के राजवंशीनगर के धर्मदेव प्रसाद गुप्ता का रुप में भइल बा.
पटना में गंगा किनारे बने वाला गंगा ड्राइव वे खातिर नवयुगा इंजीनियरिंग कंपनी लिमिटेड के डालल 1789 करोड़ रुपया के टेंडर सबले कम होखला का बाद सकार लिहल गइल. दशहरा ले एह योजना पर काम शुरु हो जाई आ चार साल का भितरे काम पूरा कर देबे के होखी. एह काम ला चार गो कंपनी
गोरखपुर के कमिश्नर जेपी गुप्ता शनिचर का दिने गोरखपुर मेडिकल कालेज में बनत सौ बेड वाला इंसेफेलाइटिस वार्ड के निरीक्षण कइले. लोक निर्माण विभाग के अधिकारी उनुका के बतवले कि एक हफ्ता का भितरे पहिला तल्ला बन के तइयार हो जाई. कमिश्नर साहब निर्देश दिहले कि वार्ड में लिफ्ट लगावल जाव आ बाउंड्रीवाल से वार्ड
देवरिया जिला के सोहनपुर के रामजानकी मंदिर के पुजारी संत हरिशंकर दास के शनिचर का दिने झारखंड के सुल्तानगंज रेलवे स्टेशन पर एगो ट्रेन से कटला का चलते मौत हो गइल. संत हरिशंकर दास बाबाधाम दर्शन ला गइल रहलें.
परसो शुक का दिने बलिया के सीएमओ डा॰ प्रदीप कुमार सिंह के मौत कोलकाता के अस्पताल में हो गइल जहवाँ ऊ किडनी फेल होखला का चलते डायलिसिस पर रहलें. ढेर दिन से बीमार सीएमओ के मौत हालांकि अचानके हो गइल कहाइल. बहुते डाक्टर आ नर्स लोग बहाली खातिर उनुका से उम्मीद लगवले रहुवे. अब ओह
डोरीगंज इलाका के बड़हरा महाजी के आधा दर्जन गांवन में शनिचर का दिने बाढ़ के पानी घुस गइल बा. मुस्सेपुर पंचायत के मेहला टोला गांव के सम्पर्क सड़क से एक दम टूट गइल बा. अनेसा बा कि देर रात ले दियरा के कोटवापट्टी रामपुर आ रायपुर बिंदगांवा पंचायतो में बाढ़ के पानी पसर जाई. अफसोस
Older Posts››