बलिया जिला अस्पताल में दू घंटा चलल काम बंदी
July 3, 2013
पिछला हफ्ता कुछ छात्रन का बेवहार से पीड़ित बलिया जिला अस्पताल के डाक्टर सोमार का दिने दू घंटा ले काम ठप रखलें आ कहलें कि अगर दोषी विद्यार्थियन के गिरफ्तारी नइखे होत त मंगल से पूरा अस्पताल के ओपीडी बंद कर दिहल जाई. डाक्टर लोग अब शहर कोतवाल अजय राय के तबादला के माँगो जोड़ लिहले बा अपना माँग में.
दोसरा तरफ विद्यार्थी नेता लोग के कहना बा बेकसूर विद्यार्थियन पर लादल मुकदमा वापिस ना भइल त बड़हन छात्र आन्दोलन चलावल जाई.