web analytics

छात्र जदयू के नाम बदल के छात्र समागम धराइल

जदयू के छात्र संगठन छात्र जदयू के नाम काल्हु बदल के छात्र समागम कर दिहल गइल. अब एह समागम में छात्रे ना शिक्षक आ शिक्षकेतर कर्मचारियो शामिल हो सकीहें.कहे के मतलब कि शिक्षा से जुड़ल जदयू के लोग अब एह समागम में आ के आपन राजनीति चलाई. काल्हु एह समागम के सदस्यता अभियान के शुरूआत जदयू के बिहार प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह कइलन. एह मौका पर बोलत ऊ अपना समर्थकन के सलाह दिहलन कि फेसबुक आ ट्वीटर जइसन सोशल साइटन पर जदयू के नीति आ विचार के जतना प्रचार हो सके करे लोग.

 392 total views,  2 views today

%d bloggers like this: