बलिया में लोग रात रात भर पहरा देत बा कटान का चलते
July 6, 2013
बलिया के सती घाट भुसौला के दस परिवारन के मकान नदी के कटान में समा गइल बा, अब नरदरा बस्ती का सोझा कटान होखे लागल बा. नदी के कटान पर लोग रात रात भर जाग के नजर राखत बा आ आपन आपन सामान बचावे का जुगत में लागल रहत बा. गायघाट पर गंगा घटाव पर आ गइल बाड़ी बाकिर कटान जारी बा.