प्रधानपति के गोली मार के भागत तीन गो बदमाश मरइले
July 12, 2013
गाजीपुर जिला के फतेउल्लाहपुर गाव के महिला प्रधान के पति के गोली मार के भागत तीन गो बदमाशन के गाँव के लोग घेर के पकड़ लिहल आ पीट पीट के मुआ दिहल. तीनो बदमाशन के पहचान साबित हो गइल बा. बतावल जात बा कि चुनाव में हारल एगो प्रत्याशी एह बदमाशन के सुपारी दिहले रहुवे कि प्रधानपति रामकिशुन बिंद के मार द लोग. बाकिर मारे का कोशिश में प्रधानपति त घवाहिल हो के रह गइले आ तीनो बदमाश लोग का हाथे पिटा के मर गइले. एह मरल हमलावरन में वीरेन्द्र यादव, मोहन यादव आ दीपक यादव रहले.