उचकागाँव थाना पर देवी जागरण मंगल का साँझ
July 14, 2013
उचकागांव थाना परिसर में बनल मंदिर के स्थापना दिवस पर काल्हु मंगल 16 जुलाई के साँझ देवी जागरण होखे जा रहल बा. एह जागरण में बिहार आ दोसरो राज्य के गायक गायिका अपना सुर के महफिल सजइहें. एह कार्यक्रम के सफल बनावे ला थानाध्यक्ष सत्येन्द्र चौधरी के देखरेख में पूजा समिति के लोग जम के लागल बा.