वनखंडीनाथ मठ के देवाल नदी में गिरल
July 14, 2013
बलिया में घाघरा के कहर अतवारो का दिन जारी रहल. बाढ़ के पानी पसरल जात बा. घाघरा का कटान से सिकंदरपुर इलाका के डूहां-बिहरा में वनखंडीनाथ मठ के पछिमारा देवाल सबेरे नदी में समा गइल. पूरा मठिया कब कटा के नदी का पेटा में चल जाई केहू ना बता सके.