काल्हु कांग्रेस के छात्र संगठन एनएसयूआई में बंद के गोहार लगवले रहुवे जवन बहुत हद ले सफल रहल. हालांकि एह बंद के लागू करावे खातिर कई जगहा दुकानदारन आ विद्यार्थियन में झड़पो भइल. बंद के प्रचार करत रिक्शा के दुकानदार लोग तूड़ताड़ दिहल. हालात बिगड़े से पहिले पुलि्स चहूँप गइल त मामिला सम्हरल. प्रदर्शनकारियन के माँग रहल कि बक्सर अनुमंडलीय अस्पताल के सिटी अस्पताल के दर्जा दिहल जाव, रामरेखा घाट पर लाइट एंड साउंड प्रोग्राम फेर शुरू कइल जाव आ गंगा पुल के मरम्मत करावल जाव.
336 total views, 2 views today