web analytics

छपरा मिड डे मिल हादसा में मरे वालन के गिनिती २१ भइल

सारण जिला के मशरख का स्कूल में भइल मिड डे मील हादसा में भोर तकले बीस गो लड़िका आ खाना बनावे वाली रसोइया मिला के इकइस जने के मौत हो चुकल बा. मरे वालन के गिनिती अउरी बढ़े के अनेसा बा.

एह हादसा का विरोध में आ मरे वाला लड़िकन के शोक में आजु छपरा के सगरी निजी स्कूल बंद राखल गइल बा. निजी स्कूलन के कमिटी प्रशासन से सरकारियो स्कूलन के बंद राखे के कहले बिया.

 280 total views,  2 views today

%d bloggers like this: