देवरिया के बरहज टीसन का लगे अतक्रमण हटवलिस रेलवे
July 18, 2013
बुध का दिने रेल प्रशासन जेवीजी लगा के 70 गो दुकान आ दर्जन भर घर उजाड़ उखाड दिहलसि जवन रेलवे का जमीन पर गैरकानूनी तरीका से बनावल लगावल रहुवे. एह कार्रवाई के खिलाफ लोग जम के विरोध कइल बाकिर पुलिस ओहलोग के लाठी भाँज के हटावत रहल.