web analytics

बलिया टीडी कालेज में प्रवेश शुल्क बढ़वला का खिलाफ अनशन जारी

टाउन महाविद्यालय में प्रवेश शुल्क बढ़वला का खिलाफ अनशन पर बइठल छात्र नेता लोग के तबियत तिसरका दिने खराब होखे लागल बा बाकिर एह समस्या के कवनो समाधान निकलत नइखे लउकत. काहे कि छात्र नेता लोग के दोसर गुट के कहना बा कि जब एह बाबत छात्र संघ आ प्राचार्य का बीच समझौता हो गइल त बाहरी लोग काहे विरोध करत बा. ओह लोग के कहना बा कि अगर ओह समझौता के अनदेखी भइल त छात्र संघ आन्दोलन करी.

 54 total views,  11 views today

%d bloggers like this: