आजु शुक का दिने कुछ अपराधी आजमगढ़ से बसपा विधायक रहल सर्वेश सिंह उर्फ सिपू सिंह के गोली मार दिहलें. एह गोलीबारी में सिपू सिंह के गनरो के गोली लागल बा. पैंतीस साल के सिपू सिंह के ठाँवे पर मौत हो गइल. बतावल जात बा कि आजु सबेरे करीब दस बजे जब सिपू सिंह आपना जीयनपुर डेरा से निकल के गाड़ी में बइठे जात रहलन तबहिए मोटरसाइकिल पर सवार तीन गो बदमाश उनुका पर गोली चलावे लगले. गोली लगला से सिपू सिंह के ओहिजे मौत हो गइल. उनुका संगे जात उनकर दोस्त भरतो राय के एह गोलीबारी में मौत हो गइल. बाद में एह हमला से नाराज लोग जम के बवाल काटल
272 total views, 5 views today