रोहतास जिला के दरिहट टोला में दहेज में मोटरसाइकिल ना मिलला का चलते बियफे के रात एगो दुलहिन के जरा के मुआ दीहल गइल. मरे वाली कनिया के भाई का शिकायत पर ओकरा पति समेत चार जने पर दहेज हत्या के मुकदमा दर्ज करावल गइल बा. अइसने एगो दोसर घटना में इन्द्रपुरी इलाका के बडीहा गांव में बुध का दिने पुलिस संजय प्रजापति के गिरफ्तार कर लिहलसि जेकरा पर अपना पत्नी के जान लेबे के कोशिश करे के आरोप बा.संजय अपना पत्नी का देह पर किरासन तेल डाल के जरावे के कोशिश कइलसि. झँउसल औरत के इलाज एगि निजी अस्पताल में होखत बा.
211 total views, 5 views today