web analytics

मोतिहारी स्टेशन से रिजर्वेशन सुपरवाइजर के रंगे हाथ धइलसि सीआइबी

शनिचर का दिने मोतिहारी टीसन का रिजर्वेशन काउंटर से मुख्य रिजर्वेशन सुपरवाइजर बच्चा लाल के सीआइबी के टीम रंगे हाथ धर लिहलसि. बच्चा लाल का लगे से आनंद विहार, हावड़ा आ जयपुर के तत्काल टिकट आ हिसाब से अधिका एगारह हजार सात सौ सत्तर रुपिया नगद मिलल. तत्काल टिकट करीब अतने के रहुवे. बच्चा लाल के आरपीएफ हिरासत में ले लिहले बिया आ अब उनकर कॉल डिटेल निकलवा के दलालन के पकड़े के कोशिश होखत बा.

 380 total views,  2 views today

%d bloggers like this: