धरमासती गंडामन गाँव के स्कूल प्रिंसिपल के पकड़े खातिर उनका नइहर में छापा
July 22, 2013
पुलिस मशरख के धरमासती गंडामन गांव के प्राइमरी स्कूल के फरार प्रधानाध्यापिका मीना देवी के पकड़े ला मीना के नइहर सिवान जिला के बसंतपुर इलाका के बाला गाँव में अतवार का रात छापा मरलसि बाकिर खाली हाथ लवटल. मीना देवी त नाहिए मिलली उनकर कवनो सुरागो ना मिल सकल पुलिस के.