मकान मजदूरन के थकान मेटावे खातिर जहर पिया दिहलसि एगो डाक्टर
July 22, 2013
बलिया के भीमपुरा इलाका के मालीपुर के नाथपलिया गांव में छत के ढलाई करत मजदूरन के थकान मिटावे खातिर मकान बनवावे वाला होमियोपैथिक डाक्टर कवनो दवाई के घोल पीया दिहलसि. एह घोल के कुछ मजदूर चार चार गिलास पी घलले. बाकिर थोड़ देर बाद एक एक कर के मजदूरन के तबियत खराब होखे लागल. मजदूर मऊ के एगो निजी अस्पताल में इलाज करावे गइलन जहाँ इलाज का दौरान दू गो मजदूरन के मौत हो गइल.
पुलिस मामिला के तहकीकात में लागल बिया बाकिर पता नइखे चलत कि आखिर मजदूरन के पियावल का गइल. एह मामिला में ओह डाक्टर के बाप के हिरासत में ले लिहले बिया पुलिस. डाक्टर लापता हो गइल बा.