Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

मोहनिया अस्पताल के डाक्टर पर जानलेवा हमला


काल्हु अतवार का दिने मोहनिया सबडिवीजनल हास्पीटल के उपाधीक्षक डा॰ बी अंसारी पर कुछ लोग जानलेवा हमला कर दिहलसि जवना का बाद उनुका के बहुते गंभीर हालत में वाराणसी रेफर कर दिहल गइल. एह हमला का बाद डाक्टर लोग हड़ताल पर चल गइल बा आ कैमूर के जिलाधिकारी का निहोरा का बावजूद इमरजेन्सीओ नइखे चले देत.

बतावल जात बा कि शनिचर का दिने देवकला गाँव के एगो प्रसूता के अस्पताल में मौत हो गइल रहुवे. जवना का बाद नाराज लोग अतवार का दिने आ के अस्पताल पर हमला बोल दिहल आ डा॰ अंसारी पर जानलेवा हमला कर दिहल. कहल जात बा कि जिला परिषद सदस्य गीता पासी के ऊकसावा पर ई हमला भइल.

डाक्टरन के हड़ताल के जायज ठहरावत इंडियन मेडिकल एसोसिएशन के बिहार अध्यक्ष डा॰ राजीव रंजन प्रसाद कहले बाड़न कि डाक्टरन पर हमला कइल आम बात हो गइल बा. जबकि इलाज में गड़बड़ी करे वाला डाक्टर के सजा देबे खातिर कायदा कानून मौजूद बा आ जाँच का बाद आरोप सही मिलला पर अनेके डाक्टर लोग के सजा मिललो बा. बाकिर एह तरह के हमला के निंदा होखे के चाहीं.

Tags: ,

%d bloggers like this: