web analytics

शौहर के बीमा पर आपन हक जतवली जियाउल हक के बेवा

प्रतापगढ़ के कुंडा में मराइल सीओ जियाउल हक अपना निकाह से पहिले दू गो बीमा करवले रहुवन. एगो के नामिनी महतारी के आ दोसरका के नामिनी बाप के बनवले रहुवन. जियाउल हक के मरइला पर यूपी सरकार जियाउल हक के बीबी परवीन आजाद के नौकरी आ बीस लाख रुपिया दिहलसि. साथ ही जियाउल के भाई के नौकरी आ बापो के बीस लाख रुपिया मिलल. अब जियाउल हक के बीमा के धन पर बेवा परवीन आजाद हक जता दिहले बाड़ी जवना चलते बाप आ महतारी के ऊ धन ना मिल पावल आ अब मामिला कोर्ट कचहरी में खिंचाई. परवीन के कहना बा कि हम बीबी हईं त बीमा के रुपिया हमरे के मिले के चाहीं बाप महतारी के ना. वाह रे दुनिया!

जियाउल हक देवरिया के जुआफर गाँव के रहलन जहाँ निकाह का बाद एक बेर गइल परवीन दुबारा ना गइली.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: