सिकन्दरपुर के मिर्जापुर गाँव का नियरा एगो पेड़ पर अवाँया के कमलेश राजभर के लाश बुध का सबेरे लटकत मिलल. बतावल जात बा कि उ अपना मेहरारू के बिदाई करावे अपना साढ़ू का घरे आइल रहुवे बाकिर ओकर बीबी जाए खातिर तइयार ना भइल. देर ले मान मनौव्वल का बाद कमलेश रात में ओहिजे ठहर गइल. बाकिर अगिला दिने ओकर लाश बबूर का पेड़ पर गमछा से टँगाइल मिलल. पुलिस एह मामिला के सझुरावे में लागल बिया कि ई हत्या हवे कि आत्म हत्या.
371 total views, 2 views today