प्रशासन पुलिस से कहलसि कि आरक्षण विरोधियन पर तनिको मुलायमियत नइखे देखावे के
July 25, 2013
इलाहाबाद जिला प्रशासन पुलिस के साफ निर्देश दिहले बावे कि लोक सेवा आयोग के परीक्षा में भइल आरक्षण प्रक्रिया में बदलाव का खिलाफ आंदोलन करेवालन पर कवनो तरह के मुलायमियत नइखे देखावे के. एह निर्देश का बाद गिरफ्तार विद्यार्थियन के रिहाई त दूर ओह लोग पर अउरीओ संगीन धारा लगा दिहल गइल बा. एहलोग के 22 जुलाई के गिरफ्तार कइल गइल रहे. एह लोग के रिमांड बनावे खातिर एसीजेएम प्रथम मोहम्मद रिजवान अहमद जेले में आके रिमांड बनवलन.