242 मैनेजमेंट कॉलेजन के एकहू विद्यार्थी ना मिलले


यूपी के 422 गो एमबीए कॉलेजन में दाखिला ला शुरू भइल काउंसलिंग मे 242 गो कॉलेजन के एको विद्यार्थी ना मिलले जबकि 94 गो कॉलेजन के नाम खातिर एगो से तीन गो ले विद्यार्थी मिल पवलें. पैंतीस गो कॉलेजन के दस से कमे विद्यार्थी मिलल बाड़ें. असल में प्रदेश के शिक्षा के स्तर अतना गिर गइल बा कि एहिजो के विद्यार्थी एहिजा के कॉलेजन में नाम लिखावल नइखन चाहत आ दोसरा राज्यन में जात बाड़ें. हालात अतना खराब बा कि छह हजार से अधिका विद्यार्थी त काउंसलिंगो खातिर ना अइलें.

%d bloggers like this: