गोपालगंज के व्यापारी के अपहरणकरे वाला छोड़ दिहले
July 28, 2013
पिछला दिने गोपालगंज के कपड़ा व्यापारी नितेश टिबडेवाल शनिचर का दिने खुदे बेतिया थाना जा के अपना रिहाई के जानकारी दिहलें. पुलिस के कहना बा कि दबिश से परेशान हो के अपहरणकरे वाला एह व्यापारी के छोड़ दिहले. बतावल जात बा कि छोड़े खातिर पचास लाख रुपिया के फिरौती माँगल गइल रहे. पुलिस के कहना बा कि फिरौती लेबे के मौके ना मिल पावल बदमाशन के. अब व्यापारी से मिलल जानकारी का बाद एह मामिला के दोषियन के पकड़े के कोशिश होखत बा.