लमहर बीमारी का बाद बलिया के सीएमओ के मौत
July 28, 2013
परसो शुक का दिने बलिया के सीएमओ डा॰ प्रदीप कुमार सिंह के मौत कोलकाता के अस्पताल में हो गइल जहवाँ ऊ किडनी फेल होखला का चलते डायलिसिस पर रहलें. ढेर दिन से बीमार सीएमओ के मौत हालांकि अचानके हो गइल कहाइल. बहुते डाक्टर आ नर्स लोग बहाली खातिर उनुका से उम्मीद लगवले रहुवे. अब ओह लोग के हाल टूअर जस हो गइल बा.