पिछला दू दिन ले थिर रहल गंगा फेरू आपन रूप धरे लागल बाड़ी आ पानी के स्तर उठे लागल बा. बलिया शहर के निचला इलाकन में बाढ़ के पानी पसर गइल बा. घाघरा के कटान बदस्तूर जारी बा आ सिकन्दरपुर इलाका के सीसोटार, लीलकर आ खरीद दियारा में हालात बिगड़ल जात बा. घाघरा अब छपिया गाँव से सट के बहे लागल बा जवना से लोग घर खाली कर कर के सुरक्षित इलाका में जाए लागल बा. जयप्रकाश नगर के इब्राहिमाबाद, अठगाँवा आ कोड़रहा में बाढ़ के हालात भयावह बनल बा. पानी सड़कि पर बहला से आइलो गइल मुश्किल हो गइल बा. बैरिया के बालक बाबा सेतु खातिर जाए वाला सड़क घाघरा के कटान का जद मे आए लागल बा.
400 total views, 2 views today