web analytics

गोपालगंज के महेन्द्र महिला महाविद्यालय पर धरना प्रदर्शन

गोपालगंज शहर के महेन्द्र महिला महाविद्यालय के छात्रा कालेज प्रबंधन पर आरोप लगावत बाड़ी कि कालेज में विद्यार्थियन से नाजायज रुपिया वसूलल जात बा. नाम लिखावे के शुल्क का साथे पाँच हजार रुपिया के नाजायज वसूली होखत बा जवना के रसीदो नइखे दिहल जात. दोसरे नाम लिखावे में धांधलीओ खूब होखत बा आ मेरिट लिस्ट का आधार पर दाखिला नइखे लिहल जात. मंगल का दिने एही बात पर कालेज का गेट पर छात्रा सभे प्रदर्शन कइली सँ.

 311 total views,  5 views today

%d bloggers like this: