web analytics

मायावती फेर बात उठवली यूपी के बँटवारा के

यूपी के मुख्यमंत्री मायावती अपना शासन काल में यूपी के चार गो राज्य में बाँटे के प्रस्ताव केन्द्र का लगे भेजले रहली बाकिर ओकरा बाद का चुनाव मे सत्ता उनुका हाथ से सरक के सपा के अखिलेश का हाथे लाग गइल. सपा राज्य बंटवारा के खिलाफ बिया एहसे फेर ओह प्रस्ताव पर बात आगे ना बढ़ल. बाकिर तेलंगाना राज्य के हरी झंड़ी मिलते देश भर से छोट छोट राज्य बनावे के माँग उठे लागल बा. लागत बा कि कांग्रेस अपना वोट का लालच में बिर्हनी के छत्ता खरकोंच दिहले बिया. अब गोरखालैंड, बोडोलैंड, हरित प्रदेश, बुंदेलखंड, पूर्वांचल, आ विदर्भ के माँग फेर जोर पकड़ लिहले बावे. मायावती आजु फेर कहली कि यूपी के बाँट के चार गो राज्य बना दिहल जाव जवना में पश्चिमी उत्तर प्रदेश, बुंदेलखंड, पूर्वांचल आ अवध प्रदेस बन जाव.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: