web analytics

गोपालगंज के व्यापारी के अपहरणकरे वाला छोड़ दिहले

पिछला दिने गोपालगंज के कपड़ा व्यापारी नितेश टिबडेवाल शनिचर का दिने खुदे बेतिया थाना जा के अपना रिहाई के जानकारी दिहलें. पुलिस के कहना बा कि दबिश से परेशान हो के अपहरणकरे वाला एह व्यापारी के छोड़ दिहले. बतावल जात बा कि छोड़े खातिर पचास लाख रुपिया के फिरौती माँगल गइल रहे. पुलिस के कहना … Read more

 288 total views

सिवान कचहरी में बम के अफवाह से अफरातफरी

शनिचर का दिने सिवान कचहरी में ओह समय अफरातफरी मच गइल जब मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी के कोर्ट का लगे बम होखे के खबर पसर गइल. आनन फानन में पुलिस पूरा इलाका के अपना घेरा में ले लिहलसि आ मुजफ्फपुर से बम निरोधक दस्ता बोला लिहल गइल. दस्ता चहुँपल त देखलसि कि राखल सामान में कवनो … Read more

 250 total views

भोजपुर के बरघरा में चाचा के हत्या में भतीजा पकड़ाइल

भोजपुर जिला के आयर इलाका के बरघरा गांव पिछला दिने जयराम सिंह नाम के आदमी के हत्या भइल रहे. एह मामिला में पुलिस मराइल आदमी के भतीजा आ ओकरा एगो संघतिया के पकड़ लिहले बिया. हत्या में इस्तेमाल चाकूओ बरामद भइल बा आ ऊ भतीजा आपन कुसूरो सकार लिहले बावे. बतावल जात बा कि झगड़ा … Read more

 339 total views

दाउदपुर मिसिर टोला में दू गो लइकियन के पोखरा में डूबला से मौत

सारण जिला के दाउदपुर इलाका के नसीरा पंचायत के मिसिर टोला में दू गो लइकी शुक का दिने पोखरा में डूब गइली सँ. बाद में दुनु के लाश गाँव वाले बाहर निकललें. मौका पर आइल पुलिस दुनु लाश के पोस्टमार्टम करावे खातिर ले के चल गइल.  311 total views

 311 total views

मढ़ौरा के सिल्हौड़ी में एगो आदमी बिजली के करंट से मरल

सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के शिल्हौड़ी में बियफे के रात पोल पर टूट के गिरल बिजली के तार में बहत करंट के चपेटा में अइला से एगो आदमी के मौत हो गइल आ दु गो मेहरारु झउँसा गइल बाड़ी सँ. घवाहिलन के अस्पताल में भरती करा दिहल गइल बा.  313 total views

 313 total views

छप्पन कॉलेजन के परीक्षाफल रोकलसि गोरखपुर विश्वविद्यालय

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय से जुड़ल छप्पन गो कॉलजेन के परीक्षाफल एह ले रोक दिहले बा विवि प्रशासन कि एह कॉलेजन के ओर से अनुसूचित जाति/ जनजाति वर्ग के विद्यार्थियन के परीक्षा शुल्क जमा नइखे कइल गइल. एह चलते पन्द्रह हजार विद्यार्थियन के भविष्य खराब होखत बा.  300 total views

 300 total views

जेपी विश्वविद्यालय कुलपति का मुँह पर करीखा पोताइल

राजद के छात्र संगठन पिछला बियफे कादिने जयप्रकाश विश्वविद्यालय के कुलपति के मुंह पर करीखा पोत दिहलें. कुलसचिवो का मुँह पर करीखा लगावल गइल. राजद के ई छात्र कार्यकर्ता माँग करत रहलें कि छात्र संघ के चुनाव करावल जाव, कॉलेज में शिक्षकन के वैकल्पिक व्यवस्था कइल जाव आ विश्वविद्यालय परिसर में जेपी के मूर्ति लगावल … Read more

 333 total views

गोरखपुर में सेना बहाली १७ अगस्त से

दू साल बाद फेरु गोरखपुर में सेना बहाली होखे वाला बा जवन १७ अगस्त से २६ अगस्त ले चलावल जाई. एह बहाली में गोरखपुर का अलावे वाराणसी, चंदौली, भदोही, देवरिया आ मऊ के नवही शामिल हो सकीहें. बहाली रैली राजही कैंप मैदान पर होखी आ बड़हन भीड़ होखे के संभावना के चलते सुरक्षा के पूरा … Read more

 319 total views

बलिया के बापूभवन में फूलन सेना के सभा

काल्हु बलिया टाउन हाल बापू भवन में फूलन सेना फूलन के बलिदान दिवस मनवलसि. कार्यक्रम में कहल गइल कि फूलन के कातिलन के बकसल ना जाई आ एकर बदला ले के रहल जाई. एह सभा के फूलन सेना के अध्यक्ष गोपाल निषाद, कौमी एकता दल के अफजाल अंसारी, आ भासपा के ओमप्रकाश राजभर संबोधित कइलें. … Read more

 281 total views

मंत्री बनला का बाद पहिला बेर बलिया आइल नारद राय के स्वागत में बड़हन भीड़ उमड़ल

बलिया विधायक नारद राय यूपी के कैबिनेट मंत्री बनला का बाद पहिला बेर बलिया अइलें त उनुका स्वागत में उमड़ल भीड़ से जगहे जगह जाम लाग गइल. जानकार लोग बतावत बा कि आजु ले बलिया में कवनो नेता के अइसन स्वागत ना भइल रहे. एह भीड़ भाड़ में एक बेर नारद राय चक्कर खा गिर … Read more

 403 total views

सिवान में मोटरसाइकिल चोर परेशान कर दिहले बाड़न स

सिवान में हर महीना नाहियो त पचीस तीस गो मोटरसाइकिल चोरी होते रहेला बाकिर पिछला दिने एके रात में चोर चार गो मोटरसाइकिल चोरा लिहले स. चोरी के मुकदमा दर्ज होत जाला बाकिर विवेचना से कुछ निकले ना.  275 total views

 275 total views

बक्सर जिला के जोगिया पंचायत के मुखिया का गाड़ी पर पथराव

काल्हु बक्सर जिला के ब्रह्मपुर इलाका का गरहथा गाँव का लगे जोगिया के मूखिया के स्कार्पियो पर कुछ लोग हमला बोल दिहल आ लाठी डंडा से गाड़ी के थूर दिहल. संजोगे रहल कि गाड़ी में बइठल लोग के चोट ना आइल काहे कि तबले पीछे से आवत पुलिस के गाड़ी हालात पर काबू पा लिहलसि. … Read more

 324 total views

सुप्रीम कोर्ट लड़िकियन के शादी के उमिर तय कइल मुश्किल बतवलसि

एगो याचिका पर फैसला सुनावत सुप्रीम कोर्ट कहलसि कि लड़िकियन के शादी लायक कवनो खास उमिर तय कइल बहुत मुश्किल के बात होखी. कवनो उमिर हर केस में ठीक ना बइठ सकी आ कही ना कहीं कुछ गड़बड़ जरूर रह जाई. असल में महिला आयोग कोर्ट से गोहार कइले रहुवे कि सु्प्रीम कोर्ट एगो हाईकोर्ट … Read more

 259 total views

जरला पर नून छिरिके में लागल बाड़ें कांग्रेसी नेता

कांग्रेसी नेतवन में होड़ मचल बा कि गरीबन के कतना मजाक बना लेत बा. राज बब्बर के कहना बा कि मुंबई में कवनो आदमी बारह रुपिया में भरपेट भोजन कर सकेला. एकरा बाद रशीद मसूद के बयान आइल बा कि दिल्ली में कवनो आदमी पाँच रुपिया में भरपेट भोजन कर सकेला. बड़े मियाँ त बड़े … Read more

 320 total views

बटला हाउस एनकाउंटर में शहजाद अहमद के दोषी मानल गइल

बटला हाउस मुठभेड़ कांड में गिरफ्तार अकेला आतंकी आरोपी आजमगढ़ जिला के शहजाद अहमद के साकेत अदालत दोषी मान लिहलसि आ अब सोमार का दिने ओकरा के सजा सुनावल जाई. याद करीं कि 19 सितंबर 2008 का दिने दिल्ली में भइल बटला हाउस मुठभेड़ में दू गो आतंकी मराइल रहले आ दिल्ली पुलिस के स्पेशल … Read more

 318 total views

242 मैनेजमेंट कॉलेजन के एकहू विद्यार्थी ना मिलले

यूपी के 422 गो एमबीए कॉलेजन में दाखिला ला शुरू भइल काउंसलिंग मे 242 गो कॉलेजन के एको विद्यार्थी ना मिलले जबकि 94 गो कॉलेजन के नाम खातिर एगो से तीन गो ले विद्यार्थी मिल पवलें. पैंतीस गो कॉलेजन के दस से कमे विद्यार्थी मिलल बाड़ें. असल में प्रदेश के शिक्षा के स्तर अतना गिर … Read more

 245 total views

प्रशासन पुलिस से कहलसि कि आरक्षण विरोधियन पर तनिको मुलायमियत नइखे देखावे के

इलाहाबाद जिला प्रशासन पुलिस के साफ निर्देश दिहले बावे कि लोक सेवा आयोग के परीक्षा में भइल आरक्षण प्रक्रिया में बदलाव का खिलाफ आंदोलन करेवालन पर कवनो तरह के मुलायमियत नइखे देखावे के. एह निर्देश का बाद गिरफ्तार विद्यार्थियन के रिहाई त दूर ओह लोग पर अउरीओ संगीन धारा लगा दिहल गइल बा. एहलोग के … Read more

 270 total views

गाजीपुर के बूढ़ेनाथ महादेव मंदिर के सुन्दरीकरण

मंगल का दिने हो हल्ला का बीच गाजीपुर जिला के सैदपुर नगर पंचायत के बोर्ड बइठल आ ३६३ लाख के बजट पास कइलसि. एह बजट में बूढ़ेनाथ महादेव मंदिर, सैदपुर ईदगाह, आ संगत घाट के सुन्दरीकरण के अलावा अनेके काम खातिर प्रस्ताव पास कइल गइल. दू गो सभासद एह बइठक के बहिष्कार कइलन. एह लोग … Read more

 342 total views

सिकन्दरपुर का गाँव में एगो आदमी के लाश पेड़ से लटकत मिलल

सिकन्दरपुर के मिर्जापुर गाँव का नियरा एगो पेड़ पर अवाँया के कमलेश राजभर के लाश बुध का सबेरे लटकत मिलल. बतावल जात बा कि उ अपना मेहरारू के बिदाई करावे अपना साढ़ू का घरे आइल रहुवे बाकिर ओकर बीबी जाए खातिर तइयार ना भइल. देर ले मान मनौव्वल का बाद कमलेश रात में ओहिजे ठहर … Read more

 330 total views

गोपालगंज में कपड़ा व्यवसायी के अपहरण के अनेसा

गोपालगंज के कपड़ा व्यवसायी नितेश टिबडेवाल मंगल का दिन से गायब बाड़न. बतावल जात बा कि उनुका मोबाइल पर आइल फोन का बाद ऊ समय से पहिलही दुकान बढ़ा के चल दिहलन. ओकरा बाद से उनकर पता ना लागल. मोबाइल पर संपर्क ना हो पावल.बड़ी देर ले ना अइलें त पुलिस के खबर भइल आ … Read more

 317 total views