web analytics

मशरख स्कूल के प्रधानाध्यापिका पकड़इली

आजु नौ दिन बाद मशरख के धरमसती गंडामन प्राइमरी स्कूल के प्रधानाध्यापिका मीना कुमारी पुलिस का हाथे लाग गइली आ उनुका गिरफ्तार होखला का बाद मुख्यमंत्री नीतीशो कुमार सामने आ गइलें मीडिया से बतियावे खातिर. कहलें कि गोड़ के चोट का चलते अशक्त रहलन बाकिर पल पल नजर रखले रहुवन. इशारे इशारा में कह गइलन … Read more

 338 total views

शौहर के बीमा पर आपन हक जतवली जियाउल हक के बेवा

प्रतापगढ़ के कुंडा में मराइल सीओ जियाउल हक अपना निकाह से पहिले दू गो बीमा करवले रहुवन. एगो के नामिनी महतारी के आ दोसरका के नामिनी बाप के बनवले रहुवन. जियाउल हक के मरइला पर यूपी सरकार जियाउल हक के बीबी परवीन आजाद के नौकरी आ बीस लाख रुपिया दिहलसि. साथ ही जियाउल के भाई … Read more

 387 total views

लालु के अपील पर सुप्रीम कोर्ट सीबीआई से जवाब मँगलसि

बिहार झारखंड के बहुचर्चित चारा घोटाला के आरोपी लालू प्रसाद सुप्रीम कोर्ट से गोहार कइले बाड़न कि उनका मामिला के सुनवाई करत सीबीआई जज के बदल दिहल जाव काहे कि मौजूदा जज बिहार के शिक्षा मंत्री पी के शाही के रिश्तेदार हउवन आ एह चलते उनका खिलाफ फैसला सुना सकेलें. हाई कोर्ट एह बाबत लालू … Read more

 366 total views

पटना के रविन्द्र भवन में बिहार भोजपुरी अकादमी के पैंतीसवा सालगिरह

अतवार का दिने पटना के रविन्द्र भवन में बिहार भोजपुरी अकादमी के पैंतीसवा सालगिरह बहुते धूमधाम से मनावल गइल. एह मौका पर भइल सांस्कृतिक कार्यक्रम में मालिनी अवस्थी, भरत शर्मा व्यास, मनोज तिवारी आ मारीशस से आइल हुसीला देवी रिसॉल के कार्यक्रम के लोग मंत्रमुग्ध होके देखल सुनल. एह आयोजन में भाग लेबे खातिर देश … Read more

 381 total views

मोहनिया अस्पताल के डाक्टर पर जानलेवा हमला

काल्हु अतवार का दिने मोहनिया सबडिवीजनल हास्पीटल के उपाधीक्षक डा॰ बी अंसारी पर कुछ लोग जानलेवा हमला कर दिहलसि जवना का बाद उनुका के बहुते गंभीर हालत में वाराणसी रेफर कर दिहल गइल. एह हमला का बाद डाक्टर लोग हड़ताल पर चल गइल बा आ कैमूर के जिलाधिकारी का निहोरा का बावजूद इमरजेन्सीओ नइखे चले … Read more

 376 total views

यूपी में आरक्षण के नयका कानून पर आपन फैसला हाई कोर्ट रोक लिहलसि

यूपी में लोक सेवा आयोग आरक्षण के नया कानून बना दिहले बा आ एकरा के चयन के हर सीढ़ी पर लगावे के फैसला कइले बा. एह नया तरीका से राज्य में सत्तर से अस्सी फीसदी सीट आरक्षण के अधिकारी प्रतिभागियन के चल जाई आ सामान्य वर्ग के प्रतिभागी टुकुर ताकत रह जइहें. हाई कोर्ट के … Read more

 308 total views

मकान मजदूरन के थकान मेटावे खातिर जहर पिया दिहलसि एगो डाक्टर

बलिया के भीमपुरा इलाका के मालीपुर के नाथपलिया गांव में छत के ढलाई करत मजदूरन के थकान मिटावे खातिर मकान बनवावे वाला होमियोपैथिक डाक्टर कवनो दवाई के घोल पीया दिहलसि. एह घोल के कुछ मजदूर चार चार गिलास पी घलले. बाकिर थोड़ देर बाद एक एक कर के मजदूरन के तबियत खराब होखे लागल. मजदूर … Read more

 357 total views

राहुल गाँधी अपना बोलतुअन के मोदी से निपटे के तरीका सिखावत बाड़न

कांग्रेस के बोलतुअन के एगो कार्यशाला दिल्ली में होखत बा जवना में देश भर के कांग्रेसी बोलतुआ चहुँपल बाड़े. एह कार्यशाला में ओह लोग के सिखावल जाई कि कइसे भाजपा के बोलतुअन के काट करे लोग. जान जाईं कि सोशल मीडिया पर नरेन्द्र मोदी के समर्थक कांग्रेसियन पर भारी पड़त बाड़ें आ कांग्रेस ओह लोग … Read more

 297 total views

बिहार भाजपा पर नीतीश के राजनीति तमाशा शुरू करवलसि

दरभंगा जिला के हायाघाट से भाजपा विधायक अमरनाथ गामी सुशील कुमार मोदी का खिलाफ अतना बयानबाजी कइलन कि भाजपा उनुका के निलंबित कर दिहलसि. गामी का साथे जाले के विजय कुमार मिश्र, मोहिउद्दीन नगर के राणा गंगेश्वर सिंह, कुशेश्वरस्थान के शशिभूषण हजारी, गायघाट के वीणा देवी, चिरैया के अवनीश कुमार सिंह समेत कुछ अउर विधायक … Read more

 423 total views

धरमासती गंडामन गाँव के स्कूल प्रिंसिपल के पकड़े खातिर उनका नइहर में छापा

पुलिस मशरख के धरमासती गंडामन गांव के प्राइमरी स्कूल के फरार प्रधानाध्यापिका मीना देवी के पकड़े ला मीना के नइहर सिवान जिला के बसंतपुर इलाका के बाला गाँव में अतवार का रात छापा मरलसि बाकिर खाली हाथ लवटल. मीना देवी त नाहिए मिलली उनकर कवनो सुरागो ना मिल सकल पुलिस के.  336 total views

 336 total views

मोतिहारी स्टेशन से रिजर्वेशन सुपरवाइजर के रंगे हाथ धइलसि सीआइबी

शनिचर का दिने मोतिहारी टीसन का रिजर्वेशन काउंटर से मुख्य रिजर्वेशन सुपरवाइजर बच्चा लाल के सीआइबी के टीम रंगे हाथ धर लिहलसि. बच्चा लाल का लगे से आनंद विहार, हावड़ा आ जयपुर के तत्काल टिकट आ हिसाब से अधिका एगारह हजार सात सौ सत्तर रुपिया नगद मिलल. तत्काल टिकट करीब अतने के रहुवे. बच्चा लाल … Read more

 380 total views

फूड बिल पास करावे खातिर कांग्रेस मुलायम से डील कइलसि?

राजनीतिक गलियारन में चरचा तेज बा कि कांग्रेस अपना चुनावी हथियार फूड सिक्युरिटि बिल संसद में पास करावे खातिर सपा प्रमुख मुलायम सिंह से डील कर लिहले बिया. एह डील का मुताबिक सपा फूड सिक्युरिटी बिल पास कराई आ सरकार सीबीआई वाला मुकदमा हटा ली. मुलायम सिहं यादव आ उनुका परिवार पर मालूम आमदनी से … Read more

 349 total views

जहरखुरान के फेर मे पड़ के मर गइल शेरवा कलां के एगो नवही

दिल्ली से कमा के सद्बावना एक्सप्रेस से बलिया लवटत सुखपुरा थाना के शेरवाकलां के एकइस साल के राधेश्याम प्रजापति के बीचे राह में कुछ जहरखुरान कोल्ड ड्रिंक में जहर मिला के पीया दिहलें जवना से ऊ अर्धबेहोशी का हालत में आ गइल. एह बीच ओकर सगरी सामान, मोबाइल वगैरह ले के उतर गइलें. राधेश्याम ओही … Read more

 454 total views

कोतवाल के गिरफ्तारी के बात गलत बतवले आईजी मीणा

पहिले बतावल गइल रहे कि विधायक रह चुकल आ बसपा नेता सीपू सिंह के हत्या का मामिला में कोतवाल के निलंबित कर के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. बाकिर जोनल आईजी जी एल मीणा कहलन कि कोतवाल के पूछताछ खातिर हिरासत में लिहल गइल रहे बाकिर गिरफ्तार नइखे कइल गइल. अब हिरासत में लिहला आ … Read more

 397 total views

बलिया के जयप्रकाशनगर में कार्पोरेशन बैंक आपन शाखा खोलेला तइयार

बलिया के जयप्रकाश नगर में कार्पोरेशन बैंक के शाखा खोले खातिर गाँव के फैसला होखे वाला बा. इब्राहिमाबाद, कर्णछपरा आ नौबरार में से कवनो एक जगहा के चुनाव होखी. ई बात कांग्रेसी नेता बिनोद सिंह बतावत बाड़ें जे एह ला भरपूर कोशिश कइलन. एह इलाका में कवनो राष्ट्रीयकृत बैंक के शाखा ना रहला से एहिजा … Read more

 386 total views

वाराणसी से मुख्तार आ बलिया से अफजाल

अगिला लोकसभा चुनाव २०१४ खातिर एकता मंच अपना चौदह गो उम्मीदवारन के नाम के एलान कर दिहलसि. एहमें मुख्तार अंसारी के नाम वाराणसी से त अफजाल अंसारी के नाम बलिया से दिहल गइल बा. बाकी उम्मीदवारन में अंबेडकरनगर से गोपाल निषाद, लालगंज से रामदहिन पासवान, आजमगढ़ से ओमप्रकाश चौहान, गाजीपुर से बाबू सिंह कुशवाहा, सलेमपुर … Read more

 274 total views,  2 views today

बलिया टीडी कॉलेज के प्रवेश शु्ल्क के मामिल सलटल

पिछला चार दिन से टीडी कॉलजे के प्रवेश शुल्क कम करावे खातिर पुरनका छात्र नेता लोग के अनशन प्रदर्शन काल्हु जूस पी के खतम कर दिहल गइल. एह पुरनका नेता लोग के जिद्द का आगा झुकत प्रशासन आ प्राचार्य प्रवेश शुल्क घटा के एक सौ रुपिया करे के तइयार हो गइलें.  275 total views

 275 total views

देवघर खातिर स्पेशल रेलगाड़ी

सावन का महीना में काँवरियन के भीड़ देखत पूर्व मध्य रेलवे नरकटियागंज से मोतिहारी मुजफ्फरपुर होखत देवघर जाए खातिर स्पेशल ट्रेन चलाई जवन एक दिन का आँतर पर नरकटियागंज से जसीडीह ले जाइल करी. बतावल गइल बा कि 22 जुलाई से 23 अगस्त का बीच हर दुसरका दिने ई ट्रेन नरकटियागंज से सबेरे 5.45 बजे … Read more

 269 total views

मशरख के सगरी के त ना बाकिर एगो बच्चा के परिवार के मिली पांच लाख रुपिया के मुआवजा

सारण जिला के मशरख का धरमसती गाँव के प्राइमरी स्कूल के तेइस गो लड़िका मिड डे मील खा के मर गइले. एह हादसा का बाद सरकार बाइस गो परिवार के दू दू लाख आ एगो परिवार के पाँच लाख रुपिया के मुआवजा दी. एह तरह के फैसला एह चलते भइल बा कि ऊ लड़िका अनुसूचित … Read more

 348 total views

एको बरखा ना झेल पवलसि सरकारी पुलिया

दोन क्षेत्र के वन विभाग द्वारा बनावल जात एगो पुलिया पहिलके बरखा में ढह गइल. दोन क्षेत्र के चंपापुर, वनवारी का लगे एगो बरसाती नाला पर पुलिया बनावल जात रहुवे जवना पर बरखा के मौसम का चलते काम रोक दिहल गइल रहे. अब ऊ पुलिया बरखा से आधा ढह गइल बा.  314 total views

 314 total views