web analytics

जेपी विश्वविद्यालय के मेन गेट के उद्घाटन

जेपी विश्वविद्यालय के मेन गेट के उद्घाटन आजु सोमार का दिने विधानसभा स्पीकर उदय नारायण चौधरी करीहें. विधान पार्षद महाचंद्र सिंह एकर मुख्य अतिथि रहीहें.  355 total views

 355 total views

छपरा में अनेके सरकारी आवासन पर बिजली विभाग के छापा

सारण जिला के छपरा में काल्हु अतवार का दिने बिजली विभाग अनेके सरकारी क्वार्टरन पर छापा मरलसि आ बिजली चोरावे के अनेके मामिला दर्ज कइल गइल. एह में दू गो डाक्टर आ डेढ़ दर्जन सरकारी कर्मचारी शामिल बाड़ें. केहू के मीटर जरल रहे, त केहू किहाँ ओवरलोड मिलल. कुछ लोग का घरे त मीटरे ना … Read more

 325 total views

सिवान के बड़हरिया आ तरवारा में दू जने के हत्या

सिवान जिला के बड़हरिया इलाका के तेतहली दक्खिन टोला के पचपन साल के झूलन सिंह शनिचर का रात में अपना दुआरी पर सूतल रहलें. सूतले में उनका के गोली मार के मुआ दिहल गइल बाकिर घर के लोग के एह बात के पता अतवार का भोर में लागल जब लोग उनका के जगावे गइल आ … Read more

 361 total views

प्रधानमंत्री बने के दावा कइली मायावती

‘तिलक तराजू और तलवार इनको मारो जूते चार’ के नारा लगावे वाली बसपा के मुखिया मायावती काल्हु ब्राह्मणन के बसपा से जोड़े खातिर लखनऊ में एगो ब्राह्मण सम्मेलन कइली जवना में लगभग तीसेक हजार लोग जुटल. मंच पर सतीश मिश्रा खास रुप से दमकत रहलें. प्रधानमंत्री बने के आपन सोच जतावत मायावती कहली कि अगर … Read more

 397 total views

छपरा लखनऊ स्पेशल ट्रेन हफ्ता में दू दिन

7 जुलाई से 1 सितंबर ले हर मंगल आ अतवार का दिने एगो स्पेशल ट्रेन छपरा से लखनऊ खातिर चलावल जाई. 05065 अप छपरा से रात 7.30 बजे खुली आ सिवान 8.30 बजे, थावे 9.20 बजे, पडरौना 10.45 बजे, कप्तानगंज 11.50 बजे, गोरखपुर रात 1.30 बजे, बस्ती 2.40 बजे होत सबेरे 8.15 बजे लखनऊ चहुँपी. … Read more

 386 total views

बोधगया के महाबोधि मंदिर का नियरा पाँच गो बम फाटल

आजु अतवार का भिनुसारे बोधगया में भगवान बुद्ध के महाबोधि मंदिर का नियरा नौ गो बम फाटल. एह बम विस्फोटन में पाँच गो बौद्ध भिक्षुवन के घवाहिल होखे के खबर बा. एहमें दू जने के हालत बहुत गंभीर बतावल जात बा. सबेरे साढ़े पाँच बजे ई सगरी बम फटली सँ. चार गो बम त मंदिरे … Read more

 399 total views

अमित शाह के छोड़ल रामबाण निशाना पर लागल

भाजपा महासचिव अमित शाह काल्हु अयोध्या में पार्टी का मीटिंग में गइल रहलें. अयोध्या गइलें त राममंदिर जाहीं के रहे. मंदिर से निकलत घरी पत्रकारन के सवाल का जवाब में कहलन कि हम भगवान से प्रार्थना कइनी कि जल्दिए एगो भव्य राममंदिर बने के माहौल बन जाव. बस अतना कहते देश के राजनीतिक गोल हुँआ … Read more

 405 total views

गुजरात में बइठल नरेन्द्र मोदी बिहार के भाजपा कार्यकर्तन से बतियवलन

देश में अपना तरह के पहिला प्रयास में गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु बिहार के डेढ़ हजार भाजपा कार्यकर्ता लोगन से मोबाइल फोन से बतियवलन. डेढ़ो हजार लोग के फोन के घंटी एके साथ बाजल आ सभे उनका से होत बातचीत के सुनल. अपना बतकही का दौरान मोदी एह बात पर बहुते जोर दिहलन … Read more

 351 total views

बलिया में लोग रात रात भर पहरा देत बा कटान का चलते

बलिया के सती घाट भुसौला के दस परिवारन के मकान नदी के कटान में समा गइल बा, अब नरदरा बस्ती का सोझा कटान होखे लागल बा. नदी के कटान पर लोग रात रात भर जाग के नजर राखत बा आ आपन आपन सामान बचावे का जुगत में लागल रहत बा. गायघाट पर गंगा घटाव पर … Read more

 309 total views

गाजीपुर में गंगा के कटान से लोग पर बिपत के अरार टूटल

गाजीपुर का सेमरा आ पूरवा शिवराय मे पचास से अधिक परिवार आपन घर मकान छोड़ सरकारी आश्रय का शरण में चल गइल बाड़े. एह बीच पाँच सौ मीटर लमहर इलाका में नाहियो त डेढ़ सौ मीटर जमीन कटान के शिकार बन चुकल बा.  307 total views,  2 views today

 307 total views,  2 views today

गंडक के ताव से बैकुंठपुर में हालात बिगड़ल

लगातार बरखा का चलते बढ़त जलस्तर से गोपालगंज जिला में गंडक बेकाबू होखे लागल बिया, सलेमपुर आ खोम्हारीपुर में कटाव तेजी से होखत बा आ प्रशासन कुछ खास नइखे कर पावत. एह से नाराज लोग सलेमपुर में जम के हंगामा कइलसि शुक का दिने.  332 total views

 332 total views

हड़ताल तूड़ काम पर लवटले बलिया के डाक्टर

पिछला तीन दिन से हड़ताल पर चलत बलिया जिला अस्पताल के डाक्टर काल्हु दुपहरिया से काम पर लवट अइले. आखिरी दम तक लड़े के गोहार लगावत डाक्टर लोग महज भरोसा मिलला का नाम पर आपन हड़ताल तूड़ दिहले, बतावल जात बा कि प्रशासन इशारा दिहलसि कि बात निकली त फेर दूर ले जाई आ तब … Read more

 337 total views

सैंतीस लाख लगा के बनल जेपी विश्विवद्यालय के गेट

छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय सैंतीस लाख लगा के आपन भव्य मेन गेट बनवले बावे. एह गेट के उद्घाटन बिहार विधानसभा के अध्यक्ष करेवाला बाड़न. काल्हु शुक के महाचंद्र प्रसाद सिंह विधान पार्षद तइयारियन के जायजा लिहलन. उद्घाटन के तारीख आठ जुलाई तय कइल गइल बा.  386 total views

 386 total views

कराटे में गोल्ड मेडल जीत के लवटले बलिया के छात्र

बलिया के स्कूल सेंट जेवियर्स के छात्र प्रीतम आ अभिषेक पिछला दिने महाराष्ट्र के अहमद नगर में भइल १३वीं नेशनल कराटे चैंपियनशिप में गोल्ड मेडल जीत के लवटल बाड़े. दस से बारह साल के उमिर वर्ग में प्रीतम वर्मा आ अभिषेक बिन्द के गोल्ड मेडल मिलल जबकि प्रबात रंजन सिल्वर मेडल जीतले. निशांत सिंह आ … Read more

 271 total views

पचास रुपिया के झगड़ा में एक आदमी के जान ले लिहल गइल

बक्सर के बारी टोला में एगो किराना दुकानदार के मूड़ी पर बड़हन पत्थर गिरा के एक आदमी बस एहीला मार दिहलसि कि दुकानदार ओकरा से आपन बकाया पचास रुपिया मँगले रहुवे. मरे वाला दुकानदार जितेन्द्र जायसवाल वैशाली के रहले आ बरीसन से बक्सर में दुकानदारी करत रहलन. ओह दुकान से भोला बारी नाम के आदमी … Read more

 305 total views

छात्र जदयू के नाम बदल के छात्र समागम धराइल

जदयू के छात्र संगठन छात्र जदयू के नाम काल्हु बदल के छात्र समागम कर दिहल गइल. अब एह समागम में छात्रे ना शिक्षक आ शिक्षकेतर कर्मचारियो शामिल हो सकीहें.कहे के मतलब कि शिक्षा से जुड़ल जदयू के लोग अब एह समागम में आ के आपन राजनीति चलाई. काल्हु एह समागम के सदस्यता अभियान के शुरूआत … Read more

 392 total views

बलिया जिला अस्पताल में दुसरको दिने डाक्टर हड़ताल पर रहले

काल्हु बियफे का दिनहु बलिया जिला अस्पताल के डाक्टर हड़ताल पर रहलें. काल्हु जनपद के अउरियो स्वास्थ्य केन्द्र के चिकित्सक हड़ताल पर चल गइले जवना से बलिया में मरीजन के दुर्दशा हो गइल बा. बलिया जिला अस्पताल के बत्तीस गो डाक्टर आपन सामूहिक इस्तीफा जिलाधिकारी के दिहले बाड़न त दोसरा तरफ विद्यार्थियन के कहना बा … Read more

 379 total views

एकमा प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र पर तोड़फोड़

बियफे का सबेरे हंसराजपुर के एगो छह साल के लइकी के साँप कटला का बाद घर के लोग एकमा स्वास्थ्य केन्द्र पर ले आइल. लइकी के हालत खराब देख ओहिजा मौजूद डाक्टर ओकरा के छपरा जिला अस्पताल ले जाए के सलाह दिहलें बाकिर राहे में दाउदपुर ले जात जात ओकर मौत हो गइल. जवना का … Read more

 389 total views

मधुबनी पेंटिंग के महान कलाकार महासुन्दरी देवी के निधन

पिछला तीन महीना से बेमार चलत ९२ साल के पद्मश्री महासुन्दरी देवी के निधन बुध का दिने मंगरौनी हार्ट हास्पीटल में हो गइल. बेनीपट्टी के चतरा गाँव में जनमल महासुन्दरी देवी के ससुराल रांटी गाँव में रहल. साल १९७६ में महासुन्दरी देवी के बनावल एगो मधुबनी पेंटिंग बिहार सरकार का ओर से राज्यसभा के उपहार … Read more

 332 total views

आतंकियन के साथी इशरत खगौल के रहली

साल २००४ में गुजरात में तीन गो आतंकियन का साथे मराइल लइकी इशरत जहाँ के बपसी खगौल के हउवें आ मुंबई जा के बस गइल रहलें. सीबीआई हालही में ओह मुठभेड़ के फर्जी बतावत एगो रिपोर्ट अदालत में दाखिल कइले बिया. सीबीआई के कहना बा कि ऊ एह बात के जाँच नइखे करत कि इशरत … Read more

 398 total views