आरा के धनुपरा में उर्स मनावल गइल
August 2, 2013
आरा शहर के धनुपरा में हजरत सैयद बाबा बेकरार शाह वारसी रहमतुल्लाह अलैह के दू दिन के सालाना उर्स फजीरे सवा चार बजे हाजी हजरत सैयद वारिस अली शाह रहमतुल्लाह अलैह (देवा शरीफ, लखनउ) के कुल शरीफ का साथे पूरा हो गइल. एह उर्स में शामिल होखे खातिर देश भर श्रद्धालु आइल रहलें.