web analytics

आरा छपरा बलिया से बाढ़ के खबर

बलिया में पिछला एक हफ्ता से लाल निशान का उपर बहत गंगा अब हाई डेंजर लेवल छूए वाली बा. पानी के बढ़ल लगातार जारी बा. पिछला दिने शहर के प्रेमचक उमरगंज इलाका बाढ़ का चपेटा में पड़ गइल बा. हालात काबू करे ला रामपुर महावल में कटहर नाला पर लागल फाटक बंद कर दिहल गइल बा. गोपालपुर-दूबेछपरा रिंग बांध में बियफे का दिने पड़ल दरार से दूबेछपरा, उदयी छपरा, गोपालपुर वगैरह गाँवन के लोग दहशत में बा. एह बीच घाघरा अबहियों लाल निशान का उपर बहत बिया. बाढ़ से शिवाला मठिया, गोपाल नगर, मानगढ़, बशिष्ठ नगर वगैरह गाँव बाढ़ का पानी से घेरा गइल बा. कटान के चपेटा में दियारा खरीद, कठौड़ा, बसारिकपुर गोसाइपुर त बड़ले बाड़ी सं, सबले खराब हालात सीसोटार दियारा के बा.

पिछला दस साल के रिकार्ड तूड़त गंगा नदी बक्सर में लाल निशान पार कर गइल बिया आ अगिला दू दिन ले अउरी बढ़ते जाए के अनेसा बा काहे कि इलाहाबाद आ वाराणसी में पानी के बढ़ाव अबहियो जारी बा. बक्सर का इटाढ़ी प्रखंड में ठोरा नदीओ के पानी लगातार बढ़ल जात बा आ अनेके गाँव एह बाढ़ का पानी से घेरा गइल बाड़ें. अतरौना आ सिकटौना गांव का बीच बनावल चाचर पुलो एह पानी में बह गइल बा. चौसा-रामगढ़ सड़क पर अखौरीपुर गोला आ बनारपुर पानी सड़क का उपर बहत बा.

पश्चिमी चंपारण के भितहां ब्लाक के भुईधरवा पंचायत में चन्दरपुर पांडेय टोला का लगे पीपी तटबंध पर गंडक नदी के दबाव बढ़ गइला का चलते दर्जनो गाँव के लोग दहशत में जियत बा.

चारो तरफ से नदियन से घेराइल सारण जिला में बाढ़ का चलते हालात लगातार बिगड़ल जात बा. गंगा के पानी हर घंटा दू सेंटीमीटर का रफ्तार से बढ़ल जात बा. घाघरा नदीओ के जल स्तर में लगातार बढ़ाव होखत बा. एह बीच सोन नदी के पानी में घटती शुरु हो गइल बा. गंडको के जलस्तर में कमी आइल बा. छपरा सदर आ रिविलगंज प्रखंड के करीब आधा दर्जन पंचायत बाढ़ का पानी में बाड़ी सँ. एहमें छपरा सदर प्रखंड के रायपुर बिनगांवा, कोटवा पट्टी रामपुर, बरहरा महाजी अउर मुस्सेपुर पंचायत आ रिविलगंज प्रखंड के प्रभुनाथ नगर, सिताबदियारा आ दिलीया रहिमपुर पंचायत शामिल बाड़ी सँ. प्रशासन एह इलाकन में नाव भेज दिहले बिया.

भोजपुर जिला के शाहपुर बिहियां में निचला इलाका के गाँवन में बाढ़ के पानी घुस गइल बा आ सैकड़ो परिवार आपन घर बार छोड़ दोसरा जगहा शरण ले लिहले बाड़न.

 654 total views,  2 views today

%d bloggers like this: