सुगौली इलाका के कैथवलिया गांव से पुलिस एगो लइका के लाश चिता पर उठा ले गइल. बतावल जात बा कि मरल लइका संतोष अपना जीजा का संगे रहत रहुवे आ मझौलिया थाना के माधोपुर चौक पर एगो मोटर गराज में काम करत रहुवे. बियफे का दिने संदिग्ध हालात में ओकर मौत हो गइल त गराज मालिक ओकरा जीजा से समझौता कर के लाश दे दिहलसि आ ओकर अंतिम संस्कार ई कह के कइल जात रहुवे कि ओकरा के साँप काट लिहले रहुवे जवना से ओकर मौत हो गइल. पुलिस के जानकारी मिलल त लाश के पोस्टमार्टम करावे खातिर उठा ले गइल.
304 total views, 5 views today