web analytics

मशरख के धरमासती गंडामन स्कूल के प्रधानाध्यापिका के पॉलीग्राफ जाँच भइल

सारण जिला के मशरख प्रखंड के धरमासती गंडामन गांव के प्राथमिक विद्यालय में पिछला महीना मिड डे मील से भइल 23 गो बचवन के मौत का मामिला में गिरफ्तार प्रधानाध्यापिका मीना देवी के पॉलीग्राफ जाँच काल्हु भारी सुरक्षा का बीच शुरू भइल. दिल्ली से आइल फोरेंसिक लैब के टीम पूछताछ शुरु कर दिहलसि. ई जाँच आजुवो होखे वाला बा. जाँच खातिर भारी भरकम सुरक्षा का बीच मीना देवी के जेल से थाना ले आइल गइल रहुवे.

 344 total views,  2 views today

%d bloggers like this: